Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

एह रेलवे स्टेशन में लागल भीषण आग, प्लेटफार्म में खड़ा कोरबा एक्सप्रेस आइल चपेट में, AC के कईगो बोगी जलल

132
Google Ads 300*250 for posts

 

विशाखापट्टनम रेलवे स्टेशन पs भारी आग लाग गइल। कोरबा से विशाखापट्टनम आ एहिजा से तिरुमाला जाए वाली ट्रेन के टक्कर मार दिहलस. अतवार के दुपहरिया में कोरबा एक्सप्रेस ट्रेन प्लेटफार्म नंबर 4 पs खड़ा रहे। तब एकर कई गो बोगी में आग लाग गईल। एह हादसा में कोरबा एक्सप्रेस के एसी बोगी के एम 1, बी 7, बी 6 बोगी में आग लाग गईल। रेलवे के दमकलकर्मी मौका पs पहुंच के आग पs काबू पा लेले।

यात्री लोग के बीच दहशत

रेलवे के अधिकारी बतवले कि कवनो जान के नुकसान नईखे भईल। कई घंटा के मेहनत के बाद आग पs काबू पा लिहल गईल। ट्रेन के सब जरत बोगी एसी रहे।  ट्रेन में आग लगला के चलते स्टेशन में दहशत मच गईल। यात्री लोग के बीच भगदड़ मच गईल।

आगलागी के घटना से केहु प्रभावित ना भईल 

कोरबा एक्सप्रेस के बी 6, बी 7 के खाली रेक से धुआं उठत देखाई दिहल। इs ट्रेन सबेरे 6:30 बजे इहाँ पहुंचल। कोचिंग 9:45 बजे डिपो खातिर रवाना होखे वाला रहे। तब देखल गईल कि बी 7 कोच से धुआं निकलत रहे। ट्रेन में आग लगला के जानकारी मिलते फायर ब्रिगेड के टीम के बोलावल गईल। ओकरा बाद आग बी 7, बी 7 अवुरी एम 1 कोच में फैल गईल। हालांकि एs घटना में केहु प्रभावित ना भईल।

 

 

 

 

916110cookie-checkएह रेलवे स्टेशन में लागल भीषण आग, प्लेटफार्म में खड़ा कोरबा एक्सप्रेस आइल चपेट में, AC के कईगो बोगी जलल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.