Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

खुशखबरी: एमपी के इ अभ्यारण 7वां टाइगर रिजर्व घोषित, अब एह नया नाम से होइ पहचान

जंगली जानवरन खातिर उपयुक्त नौरादेही अभ्यारण्य के अब रानी दुर्गावती टाइगर रिजर्व घोषित कs दिहल गइल बा। ई मध्य प्रदेश के सातवाँ टाइगर रिजर्व आ बुंदेलखंड के दुसरका टाइगर रिजर्व बन गइल बा। एकरा बारे में मध्य प्रदेश सरकार एगो अधिसूचना जारी कईले बिया।

344
Google Ads 300*250 for posts

 

 

सागर के नौरादेही अभ्यारण्य के टाइगर रिजर्व के दर्जा मिलल बा। नौरादेही अभ्यारण्य मध्य प्रदेश के सबसे बड़ आ सातवाँ टाइगर रिजर्व बन गइल बा। नौरादेही अभ्यारण्य के नाम अब रानी दुर्गावती टाइगर रिजर्व राखल जाई।

एकरा खातीर राज्य सरकार अधिसूचना जारी कईले बिया। सागर आ दमोह जिला के दू गो अभ्यारण्य के मिला के रानी दुर्गावती टाइगर रिजर्व बनावल गइल बा। नौरादेही अभ्यारण्य जिला में सागर-दमोह आ नरसिंहपुर सीमा के किनारे बा। अबे नौरादेही अभ्यारण्य में 15 टाइगर बाड़े।

पिछला साल 2018 में टाइगर पुनर्स्थापन प्रोजेक्ट के तहत कान्हा से बाघि राधा के आ बाघ किशन के बांधवगढ़ से ले आके ओहिजा बसावल गइल रहे।धीरे-धीरे नौरादेही में 15 गो बाघ हो चुकल बा। नौरादेही अभ्यारण्य आपन प्राकृतिक भेड़िया आवास खातिर भी जानल जाला।

 

 

 

645840cookie-checkखुशखबरी: एमपी के इ अभ्यारण 7वां टाइगर रिजर्व घोषित, अब एह नया नाम से होइ पहचान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.