Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

विद्या बालन आ आशा भोसले के मिलल लता दीनानाथ मंगेशकर अवार्ड 

पहिला लता दीनानाथ मंगेशकर पुरस्कार प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के मिलल। हिन्दी सिनेमा के मशहूर गायिका आशा भोसले के नाम भी गिनीज बुक ऑफ वर्ल्ड रिकार्ड में दर्ज बा काहे कि ऊ अधिका से अधिका गीत रिकार्ड कइले बाड़ी। 

1,832
Google Ads 300*250 for posts

 

स्वर्गीय स्वर कोकिला लता मंगेशकर के बहिन आ गायिका आशा भोसले आ अभिनेत्री विद्या बालन के लता दीनानाथ मंगेशकर अवार्ड से सम्मानित कइल गइल। एह पुरस्कार समारोह के आयोजन 24 अप्रैल के भइल रहे जवन लता मंगेशकर के पिता दीनानाथ मंगेशकर के स्मृति दिवस ह। विद्या बालन एगो साड़ी पहिन के पहुंचली, जवन कि उनुका के खुद लता मंगेशकर साल 2015 में उपहार में देले रहली, विद्या बालन कहली कि उनुकर माई चाहत रहली कि लता जी हमरा के ए साड़ी में देखस।

जब विद्या बालन के मुलाकात आशा भोसले से भइल

विद्या बालन कहली कि हमार सौभाग्य बा कि हमरा बहुते पुरस्कार मिलल बा। प्रोत्साहन के एगो रूप ह बाकिर आजु हमरा लागत बा कि ई एगो सम्मान ह, आ बस उमेद बा कि लता जी के आशीर्वाद हमरा साथे बनल रही। हमहूँ बहुत भाग्यशाली बानी काहे कि आशा जी से हमार बहुत प्यारा रिश्ता बा। हमनी के एक बेर एक संगे मुंबई से पेरिस गईल रहनी जा अउरी हम उमीर मे छोट बानी। असल में ई लोग प्रेरणादायक बा।

आशा भोसले याद कइली लता मंगेशकर के

आशा भोसले के ई पुरस्कार मिलत घरी आपन बड़की बहिन के प्यार से याद कइलन। उ कहली कि हम इहाँ मंच पे मौजूद सभ लोग के नमस्कार नईखी क सकत, हम आशीर्वाद देवे के चाहतानी काहेंकी हम आशीर्वाद देवे के उमर के बानी। हमार उमिर 90 साल बा। हमार जनम 1933 में भइल रहे आ हम 1943 से गावत बानी जब हम महज 10 साल के रहनी। हमार एके गो इच्छा बा कि हम अपना बहिन खातिर ई पुरस्कार लेत बानी। बाबूजी कहले रहले कि ‘जिनगी में कूदे के बा त कौआ निहन कूद मत, चील निहन कूद’। हम कतनो बड़का गीत गवले बानी बाकिर जनता के बिना कवनो कलाकार बड़ ना हो पावेला। छोड़ हमार, जब तक सूरज चाँद रही तब तक दीदी (लता मेंगेशकर) के नाम बनल रही। आशा भोसले अपना बड़की बहिन के याद करत ‘मोगरा फुला मोगरा फुला’ गीत भी गवली ।

 

 

 

528150cookie-checkविद्या बालन आ आशा भोसले के मिलल लता दीनानाथ मंगेशकर अवार्ड 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.