Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

हिंदी संस्थान के 46वें स्थापना दिवस पs 70 साहित्यकार सम्मानित, आनंद कुमार के दिहल गइल तुलसी नामित पुरस्कार

408

उत्तर प्रदेश हिंदी संस्थान के 46वां स्थापना दिवस समारोह सुक्क के आयोजित भइल। एहमें वरिष्ठ साहित्यकार डॉ. राम कठिन सिंह, कथाकार डॉ. सुधाकर अदीब अउर संस्थान के निदेशक आरपी सिंह सब श्रेणियन के कुल 70 साहित्यकारन के सम्मानित कइलें।

26 साल के अनवरत लेखन से रचित महाकाव्य विधा के पुस्तक ‘अथर्वा, मैं वही वन हूं’ खातिर भोपाल के आनंद कुमार सिंह के ‘तुलसी पुरस्कार’ दिहल गइल। कविता संग्रह ‘राम धरा पर पुन: पधारो’ खातिर शंकर सिंह के श्रीधर पाठक पुरस्कार से नवाजल गइल। नाटक विधा के रचना ‘कालपुरुष क्रांतिकारी वीर सावरकर’ खातिर गाजियाबाद के साहित्यकार जयवर्धन जेपी के भारतेंदु हरिश्चन्द नामित पुरस्कार मिलल।

यात्रा वृतांत विधा में पुस्तक ‘सपनों का शहर सैन फ्रांसिस्को’ खातिर नोएडा के साहित्यकार जयश्री पुरवार के अज्ञेय नामित पुरस्कार मिलल। उपन्यास विधा में ‘कंथा’ पुस्तक खातिर वाराणसी के साहित्यकार श्याम बिहारी श्यामल को प्रेमचंद पुरस्कार दिहल गइल। बाल साहित्य विधा के पुस्तक ‘मां कह एक कहानी’ खातिर गाजियाबाद के साहित्यकार श्रद्धा पांडेय को सूर पुरस्कार से नवाजा गया। इतिहास विधा के पुस्तक ‘सियासत का सबक’ के लेखक यूपी के पूर्व डीजीपी अउर भाजपा सांसद बृजलाल के आचार्य नरेन्द्र देव पुरस्कार मिलल।

पत्रकारिता विधा के पुस्तक ‘क्रोनोलॉजी इन कोविडटून्स’ खातिर लखनऊ के पत्रकार हरिमोहन बाजपेयी ‘माधव’ के धर्मवीर भारती सर्जना पुरस्कार से नवाजल गइल। कहानी संग्रह विधा के पुस्तक ‘अनुभव के बोल’ खातिर लखनऊ के रामजी भाई के यशपाल पुरस्कार मिलल। ई 51 कहानियन के संग्रह ह।

इनके कइल गइल सम्मानित

2021 के नामित पुरस्कार में आनंद कुमार सिंह भोपाल, शंकर जी सिंह बलिया, जसवीर सिंह हलधर देहरादून, जयवर्धन गाजियाबाद, रामजी भाई लखनऊ, जयश्री पुरवार नोएडा, आसराम जागरथ अयोध्या, प्रताप नारायण दुबे प्रताप झांसी, डॉ. अम्बिकेश त्रिपाठी प्रतापगढ़, नरेंद्र नाथ मिश्र वाराणसी, विष्णु सक्सेना गाजियाबाद, युवा गीतकार कुमार ललित आगरा, प्रो. विनय शर्मा आगरा, श्याम बिहारी श्यामल वाराणसी, करुणा शंकर उपाध्याय मुंबई, राजगोपाल सिंह वर्मा आगरा, महेश चंद्र जैन ज्योति मथुरा, श्रद्धा पांडेय गाजियाबाद, ब्रज भूषण राय ब्रज गोरखपुर, सोमनाथ शुक्ल सुल्तानपुर, रामजी मिश्रा प्रयागराज, मन्नू यादव कृष्ण मिर्जापुर, डॉ. विनोद कुमार शर्मा लखनऊ, सुबोध कुमार गौतमबुद्ध नगर, बृजलाल लखनऊ, कुंवर अनुपम सिंह लखनऊ, अंकुर मिश्रा कानपुर, रजनीश कुमार शुक्ल वर्धा, डॉ. वंदना वशिष्ट हापुड़, राजा भैया गुप्ता राजाभ लखनऊ, डॉ. श्रीधर द्विवेदी नोएडा, अशोक कुमारी संत रविदासनगर, रुमाल सिंह बुलंदशहर, डॉ. चंपा सिंह वाराणसी के 75000 रुपया के पुरस्कार राशि, शॉल अउर प्रशस्ति पत्र दिहल गइल।

सर्जना पुरस्कार में उमाशंकर गुप्ता कानपुर, प्रवीण कुमार मेरठ, चंद्रभान कुमार वाराणसी, विनोद शंकर शुक्ला विनोद लखनऊ, कमल किशोर कमल मानव शाहजहांपुर, रामअवतार गाजीपुर, अरुण कुमार एवं एलके कांतेश कानपुर, सुभाष चंद्र गांगुली प्रयागराज, संजय सिंह गाजियाबाद, निर्मला सिंह निर्मल लखनऊ, तेजवीर सिंह तेज मथुरा, कृष्ण मोहन नायक महोबा, अरविंद पांडे चंदौली, हरिमोहन वाजपेई माधव लखनऊ, रामजन्म सिंह गोरखपुर, राधिका मिश्रा प्रयागराज, आलोक कुमार श्रीवास्तव लखनऊ, समति सक्सेना लाल दिल्ली, प्रेमचंद सिंह कुशीनगर, राजमणि शर्मा वाराणसी, दयाराम मौर्य प्रतापगढ़, संजीव कुमार त्यागी गाजीपुर, रमेश चंद गोयल बुलंदशहर, पद्मनाभ पांडे लखनऊ, कृष्ण बिहारी त्रिपाठी कानपुर, शशि प्रभा तिवारी दिल्ली, इसपाक अली बेंगलुरु, जया द्विवेदी प्रयागराज, कृष्ण कुमार पांडेय गोरखपुर, विजय सिंह राघव बरेली, अरुण कुमार मानव मेरठ, डॉ. मंजरी दमेले झांसी एवं कमलेश गुप्ता झांसी, अकबाल बहादुर राही बाराबंकी, नीतू मुकुल महोबा के 40 हजार रुपया पुरस्कार राशि, शॉल अउर प्रशस्ति पत्र दिहल गइल।

ई साहित्यकार लोग रहन अनुपस्थित

समारोह से कुछ नामित साहित्यकार खराब स्वास्थ्य अउर मौसम के चलते अनुपस्थित रहनें। एहमें आगरा के साहित्यकार प्रो. बीना शर्मा, गौतमबुद्ध नगर के सुबोध कुमार, नोएडा के श्रीधर द्विवेदी, वर्धा के रजनीश कुमार शुक्ल, बेंगलूरू के डॉ. इसपाक अली अउर मेरठ के अरुण कुमार मानव रहनें।

426450cookie-checkहिंदी संस्थान के 46वें स्थापना दिवस पs 70 साहित्यकार सम्मानित, आनंद कुमार के दिहल गइल तुलसी नामित पुरस्कार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.