[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर लिटरेरी फेस्टिवल में सामिल होइहें वरिष्ठ पत्रकार, कवि आ लेखक राणा यशवंत 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: गोरखपुर लिटरेरी फेस्टिवल के एह साल के आयोजन 7-8 जनवरी के होटल विवेक उत्सव लॉन, बैंक रोड, एसबीआई मेन ब्रांच के सोझा, गोरखपुर में होई। गोरखपुर में साहित्य के सबसे बड़ आ अनूठा पहल GLF के एह साल के आयोजन में देस के ख्याति प्राप्त साहित्यकार आ कलाकार लोगन के मवजूदगी रही। एह साल के फेस्टिवल में  वरिष्ठ पत्रकार, कवि आ लेखक राणा यशवंत जी सामिल रहेम… आई जानल जाव इहां के बारे में…

वरिष्ठ पत्रकार के संगे कवि आ लेखक बानी राना यशवंत जी…

वरिष्ठ भारतीय पत्रकार, कवि आ लेखक राणा यशवंत ज़ी न्यूज़, आज तक, महुआ न्यूज़ आ इंडिया न्यूज़ जइसन मीडिया चैनलन में काम कर चुकल बानी। वर्तमान में इहां के इंडिया न्यूज़ चैनल के मैनेजिंग एडिटर बानी। प्रतिष्ठित ‘रेड इंक अवार्ड’, ‘राजीव गांधी ग्लोबल एक्सीलेंस अवॉर्ड’ आ ‘मानवाधिकार सम्मान’ जइसन कइयन गो पुरस्कारन से सम्मानित राणा यशवंत के साहित्यिक पक्ष बहुते सशक्त रहल बा। उनकर काव्य संग्रह ‘अंधेरी गली के चांद’ आर ‘दरमियां’ साहित्य प्रेमियों में बहुते लोकप्रिय बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]