24 दिसंबर 2025 के राशिफल

Rashifal : राशिफल

Share

दिनांक- 24/12/2025

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

पौष शुक्ल पक्ष

तिथि- चतुर्थी

दिन के 01 बजके 11 मिनट ले,

ओकरा बाद पंचमी।

दिन- बुध।

धनिष्ठा नक्षत्र

समस्त।

हर्षण जोग

दिन के 04 बजके 01 मिनट ले,

ओकरा बाद वज्र जोग।

विष्टि करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 25/12/2025

पौष शुक्ल पक्ष

तिथि- पंचमी

दिन के 01 बजके 43 मिनट ले।

दिन- बियफे।

धनिष्ठा नक्षत्र

दिन के 08 बजके 18 मिनट ले।

वज्र जोग

दिन के 03 बजके 13 मिनट ले।

बालव करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज मेहनत के पूरा फल मिली। नौकरी में अफसर लोग खुश रही। परिवार में सुख-शांति बनल रही। सेहत के ख्याल राखीं।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज धन लाभ के जोग बा। रुकल काम पूरा होई। घर-परिवार में खुशहाली रही। निवेश सोच-समझ के करीं।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज तनिका तनाव रह सकेला। बोलचाल में संयम राखीं। नौकरी में बदलाव के संकेत बा। सेहत पs ध्यान दीं।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज भाग्य साथ दिही। धार्मिक कामन में मन लागी। जतरा से लाभ हो सकेला। परिवार से सहजोग मिली।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज जिम्मेदारी बढ़ी। काम के दबाव रही, बाकिर सफलता मिली। खरचा बढ़ सकेला। धैर्य राखीं।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज दिन अनुकूल बा। नौकरी-बेवसाय में फायदा होई। जीवनसाथी से सहजोग मिली। सेहत ठीक रही।

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज रिश्ता मजबूत होई। प्रेम संबंध में मिठास आई। कामकाज में तरक्की के जोग बा।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज सोच-समझ के फैसला लीं। धन खर्च बढ़ सकेला। नौकरी में सतर्कता जरूरी बा।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज सुभ समाचार मिली। पढ़ाई-लिखाई में सफलता मिली। जतरा के जोग बनत बा।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज मेहनत रंग लाई। कारोबारी लोग के फायदा होई। परिवार में मान-सम्मान बढ़ी।

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज नया मौका मिली। नौकरी में बदलाव संभव बा। संघतिया से मदद मिली।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज मन प्रसन्न रही। आध्यात्मिक कामन में रुचि बढ़ी। धन लाभ के जोग बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-