दिनांक- 19/10/2025
श्री गणेशाय नमः
आज के पंचांग
कार्तिक कृष्ण पक्ष
तिथि- त्रयोदशी
दिन के 01 बजके 51 मिनट ले,
ओकरा बाद चतुर्दशी।
दिन- अतवार।
उत्तर फाल्गुनी नक्षत्र
दिन के 05 बजके 49 मिनट ले,
ओकरा बाद हस्त नक्षत्र।
इन्द्र जोग
रात के 02 बजके 04 मिनट ले,
ओकरा बाद वैधृति जोग।
वणिज करण।
काल्ह के पंचांग
दिनांक- 20/10/2025
कार्तिक कृष्ण पक्ष
तिथि- चतुर्दशी
दिन के 03 बजके 45 मिनट ले।
दिन- सोमार।
हस्त नक्षत्र
रात के 08 बजके 16 मिनट ले।
वैधृति जोग
रात के 02 बजके 34 मिनट ले।
शकुनि करण।
आज के राशिफल
मेष | Aries
(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)
वृष | Taurus
(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)
वृषभ राशि के लोगन के आज के दिन धन लाभ देवे वाला बा। रुकल काम पूरा होई, निवेश में फायदा मिली। दांपत्य जिनगी में सामंजस्य बनल रही। विद्यार्थी लोगन के पढ़ाई में सफलता मिली। पुरनका संघतिया से मुलाकात खुसी दी। वाहन चलावत घरी सावधानी रखीं। सांझ के बेरा कवनो सुभ समाचार मिल सकेला। स्वास्थ्य सामान्य रही।
मिथुन | Gemini
(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)
मिथुन राशि के लोग आज मानसिक शांति पाई। काम में रचनात्मक सोच सराहल जाई। धन लाभ के योग बा। परिवार में कवनो सुभ चरचा हो सकेला। प्रेम संबंध में नयापन आई। स्वास्थ्य ठीक रही, बाकिर खानपान पs ध्यान दीं। यात्रा लाभकारी रही। भाग्य साथ देवे वाला बा। दिन के अंत खुशहाल रही।
कर्क | Cancer
(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)
कर्क राशि के लोगन खातिर आज मिलल-जुलल दिन रही। काम में देरी हो सकेला, बाकिर सफलता मिली। परिवार में बुजुर्ग लोग के सहयोग मिली। आर्थिक इस्थिति बेहतर होई। जीवनसाथी के संगे संबंध मधुर रही। स्वास्थ्य पs ध्यान दीं। सांझ में कवनो सुभ समाचार मिल सकेला। धैर्य रखीं, दिन धीरे-धीरे सफल बनत जाई।
सिंह | Leo
(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)
सिंह राशि के लोग आज ऊर्जा से भरल रही। काम में मेहनत रंग ले आई। समाज में प्रतिष्ठा बढ़ी। आर्थिक दृष्टि से दिन सुभ बा। प्रेम जीवन में नया सुरुआत के योग बा। विद्यार्थी लोग पढ़ाई में ध्यान केंद्रित करी। स्वास्थ्य उत्तम रही। संतान से खुसी मिली। दिन भर उत्साह बनल रही।
कन्या | Virgo
(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)
कन्या राशि के लोगन खातिर आज मेहनत आ सफलता के दिन बा। नौकरी में सम्मान भा प्रमोशन मिल सकेला। परिवार में खुसी के माहौल रही। आर्थिक इस्थिति मजबूत होई। प्रेम जीवन में दिन अनुकूल बा। स्वास्थ्य सामान्य रही, थकान महसूस हो सकेला। यात्रा लाभकारी रही। दिन संतोषजनक आ उत्साह से भरल रही।
तुला | Libra
(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)
तुला राशि के लोग आज सहयोग आ सम्मान पाई। भाग्य साथ दी। व्यापार में लाभ के योग बा। परिवार में सौहार्द बनल रही। प्रेम संबंधन में सकारात्मक बदलाव आई। नया जिम्मेदारी उत्साह बढ़ाई। आर्थिक इस्थिति मजबूत रही। स्वास्थ्य पs ध्यान दीं, खास कs के आंख आ नींद पs। दिन सुखद आ लाभकारी रही।
वृश्चिक | Scorpio
(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)
वृश्चिक राशि के लोग आज आत्ममंथन करी। पुरनका काम के समीक्षा होई। धन लाभ बा, बाकिर खर्चा बढ़ सकेला। परिवार में शांति बनल रही। प्रेम संबंध में ईमानदारी जरूरी बा। मानसिक शांति मिली। ध्यान आ योग से लाभ होई। यात्रा से बचीं, थकान हो सकेला। दिन संतुलित आ सोच-विचार वाला रही।
धनु | Sagittarius
(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)
धनु राशि के लोगन खातिर आज के दिन सुभ बा। काम में सफलता आ मान-सम्मान बढ़ी। आर्थिक लाभ मिली। परिवार के संगे समय बितावे के मौका मिली। प्रेम संबंध मजबूत होई। स्वास्थ्य में सुधार आई। विद्यार्थी लोगन के पढ़ाई में सफलता मिली। यात्रा भा धार्मिक काम लाभकारी रही। दिन उत्साहपूर्ण आ भाग्यशाली रही।
मकर | Capricorn
(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)
मकर राशि के लोग आज योजनाबद्ध काम में सफलता पाई। पदोन्नति के योग बा। आर्थिक इस्थिति अनुकूल बा। परिवार में सुख-शांति बनल रही। प्रेम जिनगी मधुर होई। स्वास्थ्य सामान्य रही, खानपान पs ध्यान दीं। सांझि खा कवनो सुभ आयोजन में भाग ले सकेनी। दिन संतोषजनक आ लाभकारी रही।
कुंभ | Aquarius
(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)
कुंभ राशि वाला लोग आज भाग्यशाली रही। रुकल काम पूरा होई। व्यापार में लाभ मिली। संघतिया लोग के सहयोग रही। परिवार में सुख-शांति बनल रही। प्रेम संबंध मजबूत होई। आर्थिक इस्थिति सुधरी। स्वास्थ्य के प्रति जागरूक रहेम। सांझा के समय आनंद मिल सकेला। दिन उत्साह आ सफलता से भरल रही।
मीन | Pisces
(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)
मीन राशि वाला आज नया अवसर पाई लोग। काम में प्रगति होई, अधिकारी खुस रही लोग। आर्थिक इस्थिति मजबूत होई। परिवार में खुसी बनल रही। प्रेम जीवन में नसा ऊर्जा आई। स्वास्थ्य अच्छा रही। यात्रा लाभकारी रही। भाग्य साथ दी। आत्मविश्वास बढ़ी। दिन खुशहाल आ उत्साह से भरल रही।
Read Also: Yayawari Chhath Song Release : 21 अक्टूबर के रिलीज होई यायावरी वाया भोजपुरी के छठ गीत “हे छठी मईया”