13 सितंबर 2025 के राशिफल

Rashifal : राशिफल

Share

दिनांक- 13/09/2025

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

आश्विन कृष्ण पक्ष

तिथि- षष्ठी

दिन के 07 बजके 23 मिनट ले,

ओकरा बाद सप्तमी।

दिन- सनिचर।

कृत्तिका नक्षत्र

दिन के 10 बजके 11 मिनट ले,

ओकरा बाद रोहिणी नक्षत्र।

हर्षण जोग

दिन के 10 बजके 32 मिनट ले,

ओकरा बाद वज्र जोग।

वणिज करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 14/09/2025

आश्विन कृष्ण पक्ष

तिथि- अष्टमी

रात के 03 बजके 06 मिनट ले।

दिन- अतवार।

रोहिणी नक्षत्र

दिन के 08 बजके 41 मिनट ले।

वज्र जोग

दिन के 07 बजके 35 मिनट ले।

बालव करण।

आज के राशिफल (Rashifal)

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज दिन कामकाज खातिर बढ़िया बा। नोकरी में पदोन्नति के संभावना बा। व्यापारी लोग नया कांट्रैक्ट पा सकेला। परिवार में छोट-मोट विवाद हो सकेला बाकिर रउआ बुद्धिमानी से समाधान निकाल लेब। स्वास्थ्य मध्यम रही, खानपान पर ध्यान दीहीं।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

परिवार में खुशहाली आ सम्मान मिली। विद्यार्थी लोग पढ़ाई में बेहतर रिजल्ट ला सकत बा। धन लाभ के योग बन रहल बा, निवेश सोच-समझ के करीं। प्रेम संबंध में मजबूती आई। स्वास्थ्य सामान्य रही बाकिर यात्रा से बची।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

नोकरी में नया मौका मिली। व्यापारी लोगन के फायदा हो सकेला। परिवार में मेल-जोल आ सम्मान बढ़ी। खर्चा बढ़ी लेकिन आवक रही। स्वास्थ्य में तनिका उतार-चढ़ाव हो सकेला। विवाहित जीवन में सामंजस्य बढ़ी।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज धन लाभ के योग बन रहल बा। विद्यार्थी लोग सफलता पाई। परिवार में सुकून रही। घर के कवनो जरूरी काम पूरा हो सकेला। नौकरी वाला लोगन के ट्रांसफर के संभावना बा। स्वास्थ्य ठीक रही। प्रेम जीवन मधुर बनी।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज आत्मविश्वास बढ़ी। नया काम शुरू करे के अवसर मिली। परिवार में सम्मान बढ़ी। विद्यार्थी प्रतियोगी परीक्षा में बढ़िया प्रदर्शन करी लोग। व्यापार में बड़ ऑर्डर मिल सकेला। स्वास्थ्य उत्तम रही। दाम्पत्य जिनगी सुखमय रही।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

नोकरी में पद आ प्रतिष्ठा बढ़ी। नया काम शुरू करे के योग बा। परिवार में छोट-मोट विवाद हो सकेला, धैर्य रखीं। प्रेम जीवन में नयापन आ सुखद अनुभव रही। स्वास्थ्य में सुधार होई। धन लाभ के संभावना बा।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज नौकरी आ व्यवसाय दूनो में फायदा होई। नया मित्र बन सकेला। परिवार के संगे समय बिताइब। खर्चा बढ़ी बाकिर धन के आवक बनल रही। प्रेम जीवन सुखद रही। स्वास्थ्य में पुरान समस्या से छुटकारा मिली।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

व्यापार में लाभ के योग बा। नोकरी वाला लोगन के नया जिम्मेदारी मिल सकेला। परिवार के संगे समय अच्छा बिताइब। धन लाभ के संभावना बा। स्वास्थ्य में सुधार होई। प्रेम जीवन में समझदारी बढ़ी।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज काम में सफलता मिले के योग बा। छात्र लोग प्रतियोगी परीक्षा में बढ़िया करी। परिवार में आपसी प्रेम बनी। नोकरी में प्रमोशन के संभावना बा। व्यापार में नयका सौदा हो सकेला। स्वास्थ्य उत्तम रही।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

नोकरी में प्रगति मिली। व्यापारी लोगन के लाभ होई। परिवार में खुशी आ उत्सव जइसन माहौल रही। स्वास्थ्य सामान्य रही। प्रेम जीवन में मजबूती आई। यात्रा से लाभ हो सकेला।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज नौकरी आ व्यवसाय में सकारात्मक परिणाम मिली। धन लाभ के योग बा। विद्यार्थी लोगन के पढ़ाई में मन लगी। परिवार में मेल-जोल बढ़ी। स्वास्थ्य उत्तम रही। प्रेम जीवन मधुर रही।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

नोकरी में पद आ मान-सम्मान मिले के योग बा। व्यापारी लोग फायदा कमाई। परिवार में प्रेम आ सहयोग मिली। स्वास्थ्य में सुधार होई। प्रेम जीवन सुखद रही। धन लाभ के योग बनल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-