13 मार्च 2026 के राशिफल

Rashifal : राशिफल

Share

दिनांक- 13/03/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

चैत्र कृष्ण पक्ष

तिथि- दशमी

समस्त।

दिन- सुक।

पूर्वाषाढ़ा नक्षत्र

रात के 03 बजके 03 मिनट ले,

ओकरा बाद उत्तराषाढ़ा नक्षत्र।

व्यातीपात जोग

दिन के 10 बजके 31 मिनट ले,

ओकरा बाद वरीयान जोग।

वणिज करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 14/03/2026

चैत्र कृष्ण पक्ष

तिथि- दशमी

दिन के 08 बजके 11 मिनट ले।

दिन- सनिचर।

उत्तराषाढ़ा नक्षत्र

भोर के 04 बजके 49 मिनट ले।

वरीयान जोग

दिन के 10 बजके 42 मिनट ले।

विष्टि करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

सूरूज के परिवर्तन मन के अशांत कर सकत बा। संतान भा शिक्षा के कारण चिंतित हो सकत बानी। धीरज से काम लीं।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

सूरूज के परिवर्तन शिक्षा प्रतियोगिता के क्षेत्र खातिर उत्तम बा। कइल गइल कोसिस सार्थक होई। रचना के कोसिस सफल होई।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

पारिवारिक प्रतिष्ठा बढ़ी। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। घर के जरुरी वस्तुअन में बढ़न्ती होई। सामाजिक कामन में रुचि लेम।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

सूरूज के परिवर्तन बेवसायिक दृष्टि से उत्तम बा। रचना के काम में सफलता मिली। जीविका के क्षेत्र में प्रगति होई।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

सूरूज के परिवर्तन स्वास्थ खातिर निर्मल बा। स्थानांतरण, कर्म क्षेत्र में व्यवधान भा नेत्र विकार के आशंका बा। सचेत रहीं।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

सूरुज के परिवर्तन पारिवारिक सुख में बढ़न्ती कराई। आर्थिक पक्ष मजबूत होई। जीवनसाथी के सहजोग मिली।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

सूरूज के परिवर्तन विरोधी के परास्त करी। दांपत्य जीवन सुख से भरल होई। रचना के काम में सफलता मिली।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

राहु शुक्र के युति स्वास्थ खातिर कष्टदायी बा। तन आ मन दुनो प्रभावित हो सकत बा। सावधानी रखीं।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

सूरूज के परिवर्तन पारिवारिक दृष्टि से उत्तम होई। जीवनसाथी के सहजोग आ सानिध्य मिली। आर्थिक ममिलन में उन्नति होई।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

सूरुक के परिवर्तन भाई-बहिन के सहजोग दी। रचना के कोसिस फलीभूत होई। शासन सत्ता के सहजोग रही।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

सूरूज के परितर्वन आत्मबल में बढ़न्ती कराई। जीवनसाथी के स्वास्थ के लेके सचेत रहीं। यात्रा देशाटन के इस्थिति सुखद होई।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

सूरूज के परिवर्तन कवनो काम के पूरा होखला से आत्मविश्वास दी। बेवसायिक सफलता दी। उपहार भा सम्मान में बढ़न्ती होई।

 

Read Also Quick Watering System : का होला क्विक वॉटरिंग सिस्टम? गरमी से पहिले यात्रियन के बड़ सहूलियत देवे के तइयारी में रेलवे

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-