12मार्च 2026 के राशिफल

Rashifal : राशिफल

Share

दिनांक- 12/03/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

चैत्र कृष्ण पक्ष

तिथि- नवमी

सबेरे के 06 बजके 29 मिनट में,

ओकरा बाद दशमी।

दिन- बियफे।

मूल नक्षत्र

रात के 12 बजके 43 मिनट ले,

ओकरा बाद पूर्वाषाढ़ा नक्षत्र।

सिद्धि जोग

दिन के 09 बजके 58 मिनट ले,

ओकरा बाद व्यातीपात जोग।

तैतिल करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 13/03/2026

चैत्र कृष्ण पक्ष

तिथि- दशमी

समस्त।

दिन- सुक।

पूर्वाषाढ़ा नक्षत्र

रात के 03 बजके 03 मिनट ले।

व्यातीपात जोग

दिन के 10 बजके 31 मिनट ले।

वणिज करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर बढ़िया साबित हो सकेला। नौकरी आ बेयपार में नया मवका मिल सकेला। परिवार के लोगन से सहजोग मिली। स्वास्थ्य ठीक रही, बाकिर खान-पान पs ध्यान दीं।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज तनिका सावधानी से काम करे के जरूरत बा। खरचा बढ़ सकेला, एकरा से पईसा के लेन-देन सोच-समझ के करीं। परिवार के संगे समय बितावे से मन शांत रही।

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज राउर आत्मविश्वास बढ़ल रही। काम में सफलता मिल सकेला। पुरान संघतिया से मुलाकात हो सकेला। पढ़ाई करे वाला छात्रन खातिर दिन अच्छा बा।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज कुछ नया योजना बने के संभावना बा। नौकरी में अधिकारी लोग से सहजोग मिली। परिवार में खुसी के माहौल बनी।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज के दिन मेहनत के फल मिल सकेला। बेयपार में फायदा हो सकेला। जतरा के जोग बन रहल बा। परिवार के संगे समय बितावे के मवका मिली।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज तनिका तनाव महसूस हो सकेला। काम में जल्दबाजी मत करीं। धैर्य से काम करेम तs सफलता जरूर मिली। सेहत पs ध्यान दीं।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज रउरा खातिर दिन अच्छा रही। नया अवसर मिल सकेला। आर्थिक इस्थिति मजबूत हो सकेली। परिवार के सहजोग से काम आसान हो जाई।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज कामकाज में व्यस्तता बढ़ सकेला। पईसा के मामिला में सावधानी बरतीं। कवनो पुरान संघतिया से मदद मिल सकेला।

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज किस्मत राउर साथ दे सकेला। नौकरी आ बेयपार में तरक्की के जोग बा। नया योजना पs काम सुरू कs सकेनी।

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज मेहनत जादा करे के पड़ सकेला, बाकिर परिणाम अच्छा मिली। घर-परिवार में शांति बनल रही। खरचा पs नियंत्रण रखीं।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज रचनात्मक काम में मन लागी। पढ़ाई आ प्रतियोगी परीक्षा के तइयारी करे वाला लोगन खातिर दिन अच्छा बा।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज आर्थिक फायदा हो सकेला। परिवार में खुसखबरी मिल सकेला। नया काम सुरू करे से पहिले सलाह जरूर लीं। स्वास्थ्य सामान्य रही।

Read Also: 11 मार्च 2026 के राशिफल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-