दिनांक- 11/03/2026
श्री गणेशाय नमः
आज के पंचांग
चैत्र कृष्ण पक्ष
तिथि- अष्टमी
भोर के 04 बजके 19 मिनट में,
ओकरा बाद नवमी।
दिन- बुध।
ज्येष्ठा नक्षत्र
रात के 10 बजके 00 मिनट ले,
ओकरा बाद मूल नक्षत्र।
वज्र जोग
दिन के 09 बजके 11 मिनट ले,
ओकरा बाद सिद्धि जोग।
बालव करण।
काल्ह के पंचांग
दिनांक- 12/03/2026
चैत्र कृष्ण पक्ष
तिथि- नवमी
सबेरे के 06 बजके 29 मिनट ले।
दिन- बियफे।
मूल नक्षत्र
रात के 12 बजके 43 मिनट ले।
सिद्धि जोग
दिन के 09 बजके 58 मिनट ले।
तैतिल करण।
आज के राशिफल
मेष | Aries
(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

वृष | Taurus
(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज दिन तनिका व्यस्त रह सकेला। नौकरी आ कारोबार में नया जिम्मेदारी मिल सकेला। खर्चा बढ़ सकेला, एहसे बजट बना के चलीं। सेहत पs ध्यान दीं।
मिथुन | Gemini
(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज राउर आत्मविश्वास बढ़ल रही। काम में सफलता मिल सकेला। पढ़ाई करे वाला छात्रन खातिर दिन अच्छा बा। संघतिया लोगन से मुलाकात हो सकेला।
कर्क | Cancer
(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज कुछ पुरान काम पूरा हो सकेला। परिवार में खुसी के माहौल रही। धन लाभ के संभावना बा। बाकिर जल्दबाजी में कवनो फैसला मत लीं।
सिंह | Leo
(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज के दिन मेहनत के फल मिल सकेला। नौकरी में प्रशंसा मिल सकेला। बेयपार करे वाला लोग के फायदा हो सकेला। परिवार के संगे समय बितावे के मवका मिली।
कन्या | Virgo
(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज रउरा तनिका सावधान रहे के जरूरत बा। काम में ध्यान दीं आ विवाद से दूर रही। सेहत के नजरअंदाज मत करीं।
तुला | Libra
(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज रउरा नया अवसर मिल सकेला। कारोबार में फायदा के जोग बा। परिवार के सहजोग से काम आसान हो जाई। जतरा के संभावना बा।
वृश्चिक | Scorpio
(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज दिन सामान्य रही। काम में धैर्य रखीं। पईसा के लेन-देन में सावधानी बरतीं। परिवार के संगे समय बितावल अच्छा रही।
धनु | Sagittarius
(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज राउर किस्मत साथ दे सकेला। नया काम सुरू करे के अच्छा समय बा। नौकरी में तरक्की के जोग बन रहल बा।
मकर | Capricorn
(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज काम के दबाव बढ़ सकेला, बाकिर मेहनत से सफलता जरूर मिली। घर-परिवार में शांति बनल रही। खरचा पs नियंत्रण रखीं।
कुंभ | Aquarius
(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)
आज दिन रचनात्मक काम खातिर बढ़िया बा। पढ़ाई-लिखाई में मन लागी। संघतिया आ परिवार के संगे समय बितावे के मवका मिली।
मीन | Pisces
(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज रउरा आर्थिक फायदा हो सकेला। काम में सफलता मिल सकेला। परिवार के लोग से खुसी के खबर मिल सकेला। सेहत सामान्य रही।







