10 दिसंबर 2025 के राशिफल

Rashifal : राशिफल

Share

दिनांक- 10/12/2025

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

पौष कृष्ण पक्ष

तिथि- षष्ठी

दिन के 01 बजके 46 मिनट ले,

ओकरा बाद सप्तमी।

दिन- बुध।

मघा नक्षत्र

रात के 02 बजके 44 मिनट ले,

ओकरा बाद पूर्व फाल्गुनी नक्षत्र।

वैधृति जोग

दिन के 12 बजके 45 मिनट ले,

ओकरा बाद विष्कुम्भ जोग।

वणिज करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 11/12/2025

पौष कृष्ण पक्ष

तिथि- सप्तमी

दिन के 01 बजके 57 मिनट ले।

दिन- बियफे।

पूर्व फाल्गुनी नक्षत्र

रात के 03 बजके 55 मिनट ले।

विष्कुम्भ जोग

दिन के 11 बजके 39 मिनट ले।

 बव करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज काम में तेजी बनल रही। जवन काम रुकल बा, आज पूरा हो सकेला। घर-परिवार में खुसखबरी मिल सकेला।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

धन के लेके तनी सोच-विचार में दिन बीती, बाकिर आराम से संभर जाई। नया योजना लाभ दे सकत बा।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज बातचीत में सावधानी जरूरी बा, काहेकि गलतफहमी हो सकेला। संघतिया लोगन से मदद मिल सकेला।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

कामकाज में उन्नति के मौका मिली। घर के माहौल सुखद रही। सेहत में सुधार महसूस होई।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज राउर आत्मविश्वास बढ़ल रही। नया चीज सीखे खातिर बढ़िया दिन बा। पुरान काम पूरा हो सकेला।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

तनिका तनाव महसूस हो सकेला, बाकिर परिवार के संगे समय बितवला से राहत मिली। खर्चा नियंत्रित राखीं।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज राउर ऊर्जा बहुत बढ़िया रही। प्यार-मोहब्बत में सुधार रही। बिजनेस में फायदा हो सकेला।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

पुरान विवाद सुलझ सकेला। नया काम सुरू करे के अच्छा समय बा। जतरा संभव बा।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

मान-सम्मान बढ़ी। अध्यात्म भा सीखे आ पढ़ाई में मन लाग सकत बा। दूर-दराज से खुसखबरी मिली।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आर्थिक इस्थिति मजबूत होई। ऑफिस में जिम्मेदारी बढ़ी। घर में खुसी के माहौल रही।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज के दिन मिलल-जुलल रही। छोट-मोट फैसला सोच-समझ के करीं। संघतिया से सहजोग मिली।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

रचनात्मक काम में सफलता मिली। मन शांत रही। सेहत ठीक रही, बस समय पs आराम लीं।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-