09 नवंबर 2025 के राशिफल

Rashifal : राशिफल

Share

दिनांक- 08/11/2025

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

मार्गशीर्ष कृष्ण पक्ष

तिथि- पंचमी

रात के 01 बजके 55 मिनट ले,

ओकरा बाद षष्ठी।

दिन- अतवार।

आद्रा नक्षत्र

रात के 08 बजके 04 मिनट ले,

ओकरा बाद पुनर्वसु नक्षत्र।

सिद्ध जोग

दिन के 03 बजके 02 मिनट ले,

ओकरा बाद साध्य जोग।

कौलव करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 10/11/2025

मार्गशीर्ष कृष्ण पक्ष

तिथि- षष्ठी

रात के 12 बजके 08 मिनट ले।

दिन- सोमार।

पुनर्वसु नक्षत्र

सांझ के 06 बजके 48 मिनट ले।

साध्य जोग

दिन के 12 बजके 04 मिनट ले।

गर करण।

 

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन मन में उत्साह रही, बाकिर खरचा पs नियंत्रण जरूरी बा। काम में बदलाव के संभावना बा। परिवार संगे समय बिताईं।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

धन के मामिला में आज फायदेमंद रहेम। नौकरी भा बेयपार में फायदा हो सकेला। स्वास्थ्य के लेके सजग रही।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

संघतिया आ परिवार से मदद मिली। जतरा के योग बा। संबंध में आपसी समझ जरूरी बा।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज के दिन धैर्य के जरूरत बा। काम में तनाव हो सकेला। धन के मामिला में संभल के रहीं।

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

नौकरी-धंधा में सफलता मिली। सामाजिक संबंध मजबूत होई। स्वास्थ्य ठीक रही।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

निवेश खातिर समय सही नइखे। कवनो पुरान ममिला उठ सकेला। परिवार में खुसी के माहौल बनी।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

काम में नया योजना बनाई। यात्रा या नया प्रोजेक्ट में सफलता मिली। संबंध में सामंजस्य जरूरी बा।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज के दिन भाग्य साथ दी। बेयपार में लाभ होई। स्वास्थ्य के प्रति सजग रही।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज के दिन मानसिक तनाव कम होई। नौकरी भा शिक्षा में प्रगति के जोग बा। परिवार संगे समय बिताईं।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

बेयपार में लाभ आ सम्मान मिली। जतरा लाभकारी हो सकेला। स्वास्थ्य सामान्य रही।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज के दिन संघतिया आ सहजोगी मदद करी लोग। खरचा पs नियंत्रण जरूरी बा। स्वास्थ्य ठीक रहे के संभावना बा।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज के दिन भाग्य साथ दी। नौकरी-धंधा में सफलता आ नया योजना में लाभ मिली। परिवार संगे समय बिताईं।

Read Also: Margashirsha Amavasya 2025 : 20 भा 19 नवंबर कब बा मार्गशीर्ष अमावस्या? जानीं सही डेट आ एकर महत्व

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-