दिनांक- 09/03/2026
श्री गणेशाय नमः
आज के पंचांग
चैत्र कृष्ण पक्ष
तिथि- षष्ठी
रात के 11 बजके 27 मिनट में,
ओकरा बाद सप्तमी।
दिन- साेमार।
विशाखा नक्षत्र
दिन के 04 बजके 11 मिनट ले,
ओकरा बाद अनुराधा नक्षत्र।
व्याघात जोग
सबेरे के 07 बजके 35 मिनट ले,
ओकरा बाद हर्षण जोग।
गर करण।
काल्ह के पंचांग
दिनांक- 10/03/2026
चैत्र कृष्ण पक्ष
तिथि-सप्तमी
रात के 01 बजके 54 मिनट ले।
दिन- मंगर।
अनुराधा नक्षत्र
रात के 07 बजके 05 मिनट ले।
हर्षण जोग
दिन के 08 बजके 21 मिनट ले।
विष्टि करण।
आज के राशिफल
मेष | Aries
(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

वृष | Taurus
(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज तनिका सोच-समझ के फैसला लीं। फालतू खरचा बढ़ सकेला। काम के जगहा पs धैर्य बना के रखीं। परिवार में शांति बनल रही।
मिथुन | Gemini
(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज दिन अच्छा रही। नौकरी भा बेयपार में फायदा हो सकेला। नया पहचान बने के संभावना बा। संघतिया लोगन से मदद मिली।
कर्क | Cancer
(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज मन तनिका परेसान रह सकेला। काम में ध्यान देवे के जरूरत बा। स्वास्थ्य के ध्यान रखीं आ बाहर के खाना कम खाईं।
सिंह | Leo
(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज किस्मत साथ दे सकेला। रुकल काम पूरा हो सकेला। आर्थिक इस्थिति में सुधार आई। परिवार में खुसखबरी मिल सकेला।
कन्या | Virgo
(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज के दिन सामान्य रही। ऑफिस में जिम्मेदारी बढ़ सकेला। मेहनत के फल जल्दिये मिली। परिवार के संगे समय बिताईं।
तुला | Libra
(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज जतरा के जोग बन सकेला। बेयपार में लाभ हो सकेला। नया योजना पs काम सुरू कs सकत बानी। साथी से सहजोग मिली।
वृश्चिक | Scorpio
(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज तनिका सतर्क रहे के जरूरत बा। बहस से बचीं। धैर्य से काम लीं तs समस्या दूर हो जाई।
धनु | Sagittarius
(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज आर्थिक लाभ के जोग बा। नौकरी में प्रमोशन भा सराहना मिल सकेला। घर में खुसी के माहौल रही।
मकर | Capricorn
(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज मेहनत जादे करे के पड़ सकेला। काम धीरे-धीरे आगे बढ़ी। स्वास्थ्य के ध्यान रखीं आ आराम करीं।
कुंभ | Aquarius
(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)
आज नया अवसर मिल सकेला। बेयपार भा नौकरी में फायदा हो सकेला। संघतिया लोगन से मुलाकात हो सकेला।
मीन | Pisces
(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज दिन मिलल-जुलल रही। परिवार के संगे समय बिते के मवका मिली। कवनो पुरान समस्या के समाधान मिल सकेला।







