दिनांक- 09/12/2025
श्री गणेशाय नमः
आज के पंचांग
पौष कृष्ण पक्ष
तिथि- पंचमी
दिन के 02 बजके 29 मिनट ले,
ओकरा बाद षष्ठी।
दिन- मंगर।
आश्लेषा नक्षत्र
रात के 02 बजके 22 मिनट ले,
ओकरा बाद मघा नक्षत्र।
इन्द्र जोग
दिन के 02 बजके 33 मिनट ले,
ओकरा बाद वैधृति जोग।
तैतिल करण।
काल्ह के पंचांग
दिनांक- 10/12/2025
पौष कृष्ण पक्ष
तिथि- षष्ठी
दिन के 01 बजके 46 मिनट ले।
दिन- बुध।
मघा नक्षत्र
रात के 02 बजके 44 मिनट ले।
वैधृति जोग
दिन के 12 बजके 45 मिनट ले।
वणिज करण।
आज के राशिफल
मेष | Aries
(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

वृष | Taurus
(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

रोजगार में नया मौका मिली। धन के आवक बढ़ सकेला। स्वास्थ्य सामान्य रही। पुरान संघतिया से भेंट हो सकेला।
मिथुन | Gemini
(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)
आज बातचीत में सावधानी जरूरी बा। छोट बात बड़ विवाद ना बने एकर ध्यान रहे। जतरा फायदेमंद बा। दिमाग तेज चली।
कर्क | Cancer
(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

घर-परिवार में खुसी रही। दफ्तर में राउर काम के तारीफ होई। प्रेम संबंध मधुर रही। देह तनिका थाकल रह सकेला।
सिंह | Leo
(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज जोखिम वाला काम से बांचीं। खर्चा बढ़े के संभावना बा। वरिष्ठ लोगन से सहजोग मिली। संतान पक्ष से खुसी मिली।
कन्या | Virgo
(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

मन शांत रही, दिमाग साफ चली। बिजनेस में लाभ होई। पढ़ाई-लिखाई में उन्नति होई। स्वास्थ्य बढ़िया रही।
तुला | Libra
(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज मिल-जुल के काम करीं। भाग-दौड़ जादे रही। धन के इस्थिति ठीक रही। प्रेम जीवन खुसनुमा रही।
वृश्चिक | Scorpio
(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज काम में बाधा आ सकेला बाकिर धीरज फायदा दी। पईसा सोच-समझ के खर्च करीं। नया संपर्क बन सकेला।
धनु | Sagittarius
(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आत्मविश्वास बढ़ल रही। कारोबार में फायदा होई। परिवार में कवनो सुखद बात सुने के मिली। जतरा सफल रही।
मकर | Capricorn
(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज मेहनत के रंग चढ़ी। आर्थिक इस्थिति मजबूत होई। घर में माहौल अच्छा रही। स्वास्थ्य पर ध्यान दीं।
कुंभ | Aquarius
(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)
आज दिमाग में नया आइडिया आई। उधार देवे-लेवे से परहेज करीं। काम धीरे-धीरे ठीक चली। साथी से सहजोग मिली।
मीन | Pisces
(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

धार्मिक काम में मन लगी। धन लाभ के जोग बा। प्रेम जीवन मधुर रही। जतरा से लाभ संभव बा।





