अंतर्राष्ट्रीय योग दिवस 2023 के शुभकामना : आज अंतर्राष्ट्रीय योग दिवस ह। वैश्विक स्तर पs हर साल 21 जून के योग दिवस मनावल जाला। साल 2014 में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी संयुक्त राष्ट्र महासभा से योग के महत्व अवुरी उपयोगिता के बारे में बता के योग दिवस मनावे के अपील कईले रहले। जवना के बाद संयुक्त राष्ट्र महासभा योग दिवस मनावे के फैसला कईलस।
शारीरिक आ मानसिक स्वास्थ्य खातिर योग फायदेमंद होला। कई गो बेमारी से दूर रहेला आ इलाज के काम भी करेला। योग, प्राणायाम आ मुद्रा के कई तरह के होला। अलग-अलग स्वास्थ्य समस्या के रोकथाम में अलग-अलग योग मुद्रा सहायक होखेला।
योग दिवस मनावत, अपना प्रियजन के योग करे खातिर प्रेरित करीं। दोस्त, रिश्तेदार अवुरी करीबी लोग के योग के महत्व बतावे के संगे इहो बताईं कि कवन योग कईला से का फायदा होखेला, ताकि सभकेहु स्वस्थ शरीर अवुरी दिमाग खातीर जीवनशैली में योग के शामिल क सके। योग दिवस के मौका पs आप आसन के फायदा बता के योग अभ्यास खातीर प्रेरित करे खातीर इ संदेश दे सकतानी।
सर्वांगासन के फायदा
•ब्लड सर्कुलेशन बेहतर
•कब्ज से छुटकारा
•हेयर फाॅल से राहत
•वजन नियंत्रण
•तनाव कम होला
भुजंगासन के फायदा
•रीढ़ के हड्डी के मजबूती
•अस्थमा के लक्षण में कमी
•तनाव आ थकान दूर होला
•प्रजनन प्रणाली में सुधार
बालासन के फायदा
•पूरा शरीर के आराम
• खून के संचार बढ़ावेला
•तनाव आ चिंता के कम करेला
पश्चिमोत्तानासन के फायदा
•तनाव कम होला
•पेट के चर्बी कम हो जाला
•हड्डी के लचीलापन के क्षमता
•अनिद्रा के इलाज होला
मार्जरी पोज के फायदा
•पेट के समस्या से बचाव
•आंत के स्वस्थ बनावेला
•पीठ आ रीढ़ के हड्डी के दर्द से राहत मिलेला