सबेरे-सबेरे: मोट आ थुलथुला बाह महीना भर में होई सुडौल,बस करीं रोज इs गो yoga

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 21, 2024

मोट आ थुलथुला हाथ सुंदरता के कम करेला।  एकरा चलते ना तs बिना आस्तीन के कपड़ा पहिनल बढ़िया लागेला अवुरी ना ही फिट देखाई देवेला।  अयीसना में जदी आप अपना भारी बांह के दुबला करे

Share

मोट आ थुलथुला बाह खातीर योगा

मोट आ थुलथुला हाथ सुंदरता के कम करेला।  एकरा चलते ना तs बिना आस्तीन के कपड़ा पहिनल बढ़िया लागेला अवुरी ना ही फिट देखाई देवेला।  अयीसना में जदी आप अपना भारी बांह के दुबला करे खातीर एक महीना ले कुछ खास योग के अभ्यास करीं तs 3 से 4 सप्ताह में एकर असर देखाई दिही।  इs सब कईल आसान बा अवुरी इs आपके समग्र फिटनेस में सुधार में भी मदद कs सकता।  इहाँ हमनी के 3 गो प्रभावी योगासन के बारे में बतावत बानी जा, जवन कि अगर रोजाना 10 मिनट ले कईल जाए तs एक महीना के भीतर आपके निमन नतीजा देखाई देवे लागी।

बाह के पतला करे वाला योगाभ्यास

अधोमुख शवासन


एह योग व्यायाम के डाउनवर्ड-फेसिंग डॉग पोज़ भी कहल जाला।  इs आसन ना खाली बांह के टोन करेला बालुक कंधा अवुरी पीठ के मांसपेशी के मजबूत करेला।  एकरा खातिर सबसे पहिले हाथ अवुरी घुटना जमीन पs राखी।  एकरा बाद गोड़ के सीधा कs के कूल्हि के ऊपर उठाईं, ताकि शरीर उल्टा “वी” के आकार में आ जाव।  कुछ सेकंड इंतजार करीं आ ओकरा बाद सामान्य स्थिति में आ जाईं.  एकरा के 5-7 बेर दोहराईं।

चतुरंग दंडासन

एकरा के प्लैंक पोज़ के नाम से भी जानल जाला।  चतुरंग दण्डासन आपके बांह अवुरी कंधा के मांसपेशी के मजबूत करेला अवुरी चर्बी के जरावेला।  एकर अभ्यास करे खातिर पेट के बल लेट जाईं, ओकरा बाद पैर के उंगली अवुरी हथेली पs शरीर के संतुलन बनाईं।  पूरा शरीर के सीधा राख के 30-60 सेकंड ले पकड़ के राखे के चाही।  3-4 बेर अयीसन करीं.

पूर्वोत्तानासन


इs योग मुद्रा से बांह के आकार अवुरी चर्बी कम कईल जा सकता। पूर्वोत्तानासन बांह के चर्बी कम करे के एगो बढ़िया तरीका होला। एके करे खातीर बइठ के गोड़ सीधा आगे तान लीं।अब हाथ के तनी पीछे साइड में ले जाईं आ हथेली जमीन पs मजबूती से राखीं. गोड़ के तनी मोड़ के ओकरा बाद बांह पs बल लगा के शरीर के ऊपर के ओर उठावल शुरू करीं।अब एक-एक करके मुड़ल गोड़ के सीधा कs दीं। अयीसन कईला से पूरा जोर बांह पs होई, जवन कि ओकरा के मजबूत करे के संगे टोन करे में मदद करी। कम से कम तीन से पांच बेर इs पोज करीं।

रोज एs 3 योगासन के अभ्यास कईला से एक महीना के भीतर आपके बांह सुडौल अवुरी मजबूत देखाई देवे लागी।

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ प्यार तs भइल बाकिर ताउम्र रहली अकेले…एह सुपरस्टार हीरोइन के जानीं कहानी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.