बिजनेस डेस्क। भारत के शेयर बाजार में गिरावट के दौर जारी बा। पश्चिम एशिया में बढ़त तनाव आ कच्चा तेल के दाम बढ़ला के चलते निवेशकन के भरोसा कमजोर पड़ गइल बा। एह हालात के कारण सुक के सुरुआती कारोबार में बेंचमार्क सूचकांक सेंसेक्स आ निफ्टी में लगभग 1 प्रतिशत से जादे गिरावट देखे के मिलल।
दूपहरिया करीब 1:06 बजे तक सेंसेक्स 1239.99 अंक माने 1.63 प्रतिशत गिर के 74,794.43 अंक पs आ गइल। ओहिजा, निफ्टी 421.85 अंक माने 1.78 प्रतिशत गिरके 23,217.30 अंक पs पहुंच गइल। सुरुआती कारोबार में बाजार कमजोर रहे, जब सेंसेक्स 708 अंक गिरके 75,326 अंक पs आ गइल आ निफ्टी 222 अंक टूटके 23,417 अंक पs पहुंच गइल।
सेंसेक्स के 30 कंपनियन में से कवनो बड़ कंपनी के शेयर में गिरावट देखे के मिलल। एमे लार्सन एंड टुब्रो, टाटा स्टील, इंटरग्लोब एविएशन, अल्ट्राटेक सीमेंट, एचडीएफसी बैंक आ टेक महिंद्रा सबसे जादे नुकसान में रहल। हालांकि पावर ग्रिड, हिंदुस्तान यूनिलीवर, आईटीसी और बजाज फिनसर्व जइसन कंपनी में कुछ बढ़त देखे के मिलल।
एशियाई बाजारो कमजोर रहल। दक्षिण कोरिया के बेंचमार्क कोस्पी, जापान के निक्केई 225 सूचकांक, शंघाई के एसएसई कंपोजिट सूचकांक आ हांगकांग के हैंग सेंग सूचकांक गिरावट के संगे कारोबार होत रहे। ओने अमेरिका के बाजार में भारी गिरावट देखल गइल, जहां नैस्डैक कंपोजिट 1.78 प्रतिशत, डाउ जोन्स इंडस्ट्रियल एवरेज 1.56 प्रतिशत आ एसएंडपी 500 1.52 प्रतिशत गिरल।
विशेषज्ञन के माने के बा कि पश्चिम एशिया के तनाव आ कच्चा तेल के बढ़त दाम बाजार के कमजोर बना रहल बा। जियोजित इन्वेस्टमेंट्स के रणनीतिकार वीके विजयकुमार कहलें कि वैश्विक अनिश्चितता के चलते निवेशक सावधान हो गइल बा लोग। ब्रेंट क्रूड के दाम करीब 100 डॉलर प्रति बैरल तक पहुंच गइल बा, जे बाजार पs दबाव बना रहल बा।
बाजार के आंकड़न के मोताबिक बिदेसी निवेशक (FII) बियफे के करीब 7,049 करोड़ रुपिया के शेयर बेच दिहल लोग, जबकि घरेलू निवेशक (DII) लगभग 7,449 करोड़ रुपिया के शेयर किनल लोग। एह से साफ बा कि फिलहाल बाजार पs वैश्विक हालात के असर साफ दिख रहल बा।








