Sonam Wangchuk : सोनम वांगचुक जोधपुर जेल से रिहा, केंद्र सरकार हटवलस एनएसए

Share

नई दिल्ली। प्रसिद्ध जलवायु कार्यकर्ता सोनम वांगचुक के सनिचर के दिन जोधपुर सेंट्रल जेल से रिहा कs दिहल गइल। ई रिहाई तब भइल जब केंद्र सरकार उनका ऊपर लगावल राष्ट्रीय सुरक्षा अधिनियम (NSA) हटा देलस। गृह मंत्रालय बतवलस कि ई फैसला एनएसए के तहत मिलल अधिकार के इस्तेमाल करत लिहल गइल बा। सरकार के कहनाम बा कि एह कदम के मकसद लद्दाख में शांति आ इस्थिरता कायम कइल बा। वांगचुक के 26 सितंबर 2025 के हिरासत में लिहल गइल रहे।

असल में, एह गिरफ्तारी से दू दिन पहिले लेह में बड़ प्रदर्शन भइल रहे। लोग लद्दाख के राज्य के दर्जा देवे आ संविधान के छठा अनुसूची में सामिल करे के मांग करत रहे। प्रदर्शन के दौरान हिंसाे भइल, जवना में चार लोग के मौत हो गइल आ 45 से जादे लोग घायल हो गइल रहे। घायल लोग में 22 पुलिसकर्मियो सामिल रहे लोग। एह हालात के देखते जिला मजिस्ट्रेट वांगचुक के एनएसए के तहत हिरासत में ले लेले आ बाद में उनका के जोधपुर जेल भेज दिहल गइल।

सरकार के कहनाम- लद्दाख में शांति जरूरी

गृह मंत्रालय बयान जारी करत कहलस कि केंद्र सरकार लद्दाख में शांति, इस्थिरता आ आपसी भरोसा बना के रखे के प्रति प्रतिबद्ध बा। मंत्रालय के अनुसार, अलग-अलग समुदाय, नेता आ संगठन से बातचीत जारी बा ताकि इलाका के समस्या के समाधान निकल सके। सरकार मानत बिया कि हाल के विरोध-प्रदर्शन से छात्र, बेयपारी, टूर ऑपरेटर आ पर्यटन उद्योग पs असर पड़ल बा।

उपराज्यपाल विनय कुमार सक्सेना के स्वागत

लद्दाख के उपराज्यपाल विनय कुमार सक्सेना एह फैसला के स्वागत कइलें। उनकर कहनाम बा कि ई डेग लद्दाख में शांति आ विश्वास के माहौल बनावे में मदद करी। संगही ऊ कहलें कि आंदोलन आ हिंसा के जगह ना होखे के चाहीं, समस्या के समाधान बातचीत से होखे के चाहीं।

सुप्रीम कोर्टो में पहुंचल रहे ममिला

वांगचुक के पत्नी गीतांजलि आंग्मो उनकर हिरासत के खिलाफ सुप्रीम कोर्ट में याचिका दायर कइले रहली। अदालत 10 मार्च के अंतिम सुनवाई के तारीख तय कइले रहे आ पूछले रहे कि का वांगचुक के भाषण आ सोशल मीडिया पोस्ट सच में भड़काऊ रहे कि ना। अब एनएसए हटला के बाद वांगचुक के रिहाई हो गइल बा।

Read Also: Aviation : अकासा एयर 15 मार्च से लगाई ईंधन अधिभार, टिकट 199 से 1300 रुपिया तक महंगा होई

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-