सेंट्रल डेस्क। वेस्ट एशिया में बढ़त तनाव के बीच मोजतबा खामेनेई के हालत के लेके बड़ खबर सामने आ रहल बा। कुछ मीडिया रिपोर्ट में दावा कइल जा रहल बा कि ईरान के नया सुप्रीम लीडर मोजतबा खामेनेई कथित तौर पs कोमा में बाड़ें। बतावल जा रहल बा कि हाल में भइल एगो एयर स्ट्राइक में ऊ गंभीर रूप से घायल हो गइलें आ इलाज चलत बा।
ब्रिटेन के अखबार द सन के रिपोर्ट के मोताबिक, 56 साल के मोजतबा खामेनेई के हमला में बहुते गंभीर चोट लागल। खबर बा कि उनका देह के कइयन गो हिस्सा बुरा तरे प्रभावित भइल आ हालत एतना खराब हो गइल कि उनकर एगो गोड़ काटे के पड़ गइल। हालांकि एह दावा के अभी तक आधिकारिक रूप से पुष्टि नइखे भइल।
रिपोर्ट में इहो कहल गइल बा कि मोजतबा खामेनेई ओही एयर स्ट्राइक में घायल भइलें, जवन हमला में उनकर पिता आ ईरान के पूर्व सुप्रीम लीडर अली खामनेई के मौत हो गइल रहे। हमला के बाद मोजतबा के गंभीर हालत में तेहरान ले जाके इलाज सुरू कइल गइल। हालांकि अभी साफ नइखे भइल कि ऊ 28 फरवरी वाला हमला में घायल भइलें भा कवनो दोसरा एयर स्ट्राइक में।
एह बीच डोनाल्ड ट्रंप मोजतबा खामेनेई के हालत पs बयान देले बाड़ें। फॉक्स न्यूज रेडियो से बातचीत में ट्रंप कहलें कि संभव बा कि मोजतबा जिंदा होखस, बाकिर उनकर हालत गंभीर हो सकेला।
मीडिया रिपोर्ट के अनुसार मोजतबा खामेनेई के एह समय तेहरान के एगो अस्पताल में कड़ा सुरक्षा के बीच इलाज हो रहल बा। अस्पताल के पूरा यूनिट के सील कs दिहल गइल बा आ भारी सुरक्षा बल तैनात बा। इलाज के निगरानी ईरान के स्वास्थ्य मंत्री आ मशहूर ट्रॉमा सर्जन मोहम्मद रजा जफरगंडी करत बाड़ें।
एह बीच ईरान के सरकारी मीडिया एगो बयान जारी कइलस, जवन मोजतबा खामेनेई के सत्ता संभारला के बाद पहिला संदेश बतावल जा रहल बा। एह संदेश में कहल गइल कि ईरान अपना नागरिकन के खून के बदला ली आ जरुरत पड़ल तs होमुर्ज स्ट्रेट जइसन समुद्री रास्ता बंद करे के डेग उठा सकेला।
हालांकि रिपोर्ट में ई साफ कहल गइल बा कि एह सब दावन के स्वतंत्र रूप से पुष्टि अभी तक नइखे हो सकल, काहे कि ईरान में इंटरनेट पs कड़ा नियंत्रण बा आ नेता के इलाज के जानकारी बहुते गोपनीय रखल जा रहल बा।
Read Also: West Asia Crisis : ईरान के दावा- इराक में अमेरिकी रिफ्यूलिंग जहाज गिरावल गइल, अमेरिका नकरलस








