स्पोर्ट्स डेस्क। इंग्लैंड के पुर्व कप्तान माइकल वान के एगो बयान से टी-20 विश्वकप के बाद नया विवाद खड़ा हो गइल बा। भारत के ऐतिहासिक जीत के बाद वॉन दक्षिण अफ्रीकी टीम पs अजीबो-गरीब टिप्पणी कइले बाड़ें, जवना के बहुत लोग खेल भावना के खिलाफ मान रहल बा।
वॉन कहले कि दक्षिण अफ्रीका टूर्नामेंट में “सबसे बेवकूफ टीम” रहे, काहे कि जदि ऊ वेस्ट इंडीज से जानबूझ के हार गइल रहित, तs भारत सेमीफाइनल में ना पहुंच पाइत।
एगो क्रिकेट पॉडकास्ट में बात करत वॉन कहलें कि सुपर-8 दौर में दक्षिण अफ्रीका जदि वेस्टइंडीज से हार जाइत, तs वेस्टइंडीज सेमीफाइनल में पहुंच जाइत आ भारत के सफर ओहिजे खत्म हो जाइत। वॉन के अनुसार, “टूर्नामेंट जीते खातिर सबसे मजबूत टीम के रास्ता से हटावल जरूरी होला।”
वॉन आगे कहलें कि जदि भारत ओह समय बाहर हो जाइत, तs टीम के जीत के लहर रुक जाइत। उनका मोताबिक दक्षिण अफ्रीका के वेस्टइंडीज के हरवला से भारत के आत्मविश्वास आउर बढ़ गइल। भारत बाद में लगातार मैच जीतत आगे बढ़ल आ आखिर में फाइनल जीत के चैंपियन बन गइल।
हालांकि, क्रिकेट विशेषज्ञन आ फैंस के माने के बा कि अइसन सोच खेल भावना के खिलाफ बा। जदि कवनो टीम जानबूझ के मैच हारेला तs ई नियम के गंभीर उल्लंघन मानल जाला। आईसीसी के भ्रष्टाचार विरोधी नियम के हिसाब से मैच फिक्सिंग भा जानबूझ के हारला पs खिलाड़ी आ टीम पs कड़ा कार्रवाई हो सकेला, जवना से लमहर बैन तक लग सकेला।
एह बीच भारत शानदार प्रदर्शन करत फाइनल में न्यूजीलैंड के हराके टी-20 विश्व कप के खिताब जीत लेलस। एह जीत के संगे भारत टी20 विश्व कप इतिहास में तीसरका बेर चैंपियन बनल आ घरेलू मैदान पs ई उपलब्धि हासिल करे वाली पहिली टीम बन गइल।








