नई दिल्ली। सऊदी अरब के प्रिंस सुल्तान एयर बेस पs जमीन पs खड़ा अमेरिकी वायुसेना के पांच गो रिफ्यूलिंग विमान पs मिसाइल हमला भइल, जवना से भारी नुकसान पहुंचल बा। ई जानकारी वॉल स्ट्रीट जर्नल के रिपोर्ट में दूगो अमेरिकी अधिकारियन के हवाले से सामने आइल बा।
रिपोर्ट के मोताबिक, हाल के दिनन में सऊदी अरब के एह एयर बेस पs ईरान के ओर से कइयन गो मिसाइल दागल गइल। एह हमला में अमेरिकी वायुसेना के रिफ्यूलिंग विमान के निशाना बनावल गइल रहे। हालांकि हमला में विमान पूरा तरे से तबाह ना भइल, बाकिर ओह सबके काफी नुकसान पहुंचल बा। अभी ओकनी के मरम्मती के काम चल रहल बा। राहत के बात ई बा कि एह घटना में केहू के जान के नुकसान नइखे भइल।
इराक में अमेरिकी विमान दुर्घटनाग्रस्त
दूसरका ओर, अमेरिकी सेना बतवलस कि पश्चिमी इराक में दुर्घटनाग्रस्त भइल अमेरिकी KC-135 रिफ्यूलिंग विमान में सवार सब छव क्रू सदस्यन के मौत हो गइल बा। सेना के मोताबिक, बियफे के पश्चिमी इराक में ई विमान दुर्घटना के शिकार हो गइल रहे।
अमेरिकी सेना बतवलस कि एह हादसा में एगो आउर विमान सामिल रहे, बाकिर ई घटना ना तs दुश्मन के हमला से भइल आ ना मित्र सेना के गोलीबारी से। फिलहाल घटना के पूरा जांच कइल जा रहल बा।
ईरान के खिलाफ अमेरिकी कार्रवाई जारी रही
अमेरिकी रक्षा मंत्री पीट हेगसेथ पेंटागन में पत्रकारन से बात करत कहलें कि ईरान के खिलाफ अमेरिकी अभियान आगहूं जारी रही। उनकर कहनात रहे कि युद्ध के समय कइयन तरे के जोखिम होला।
एह दुर्घटना के संगे, 28 फरवरी से सुरू भइल अमेरिकी ऑपरेशन के दौरान मरे वाला अमेरिकी सैनिकन के संख्या बढ़ गइल बा। अमेरिका मध्य-पूर्व में ईरान के खिलाफ अभियान खातिर बहुत संख्या में सैन्य विमान तैनात कइले बा।
विशेषज्ञन के अनुसार, एह घटना से पता चलत बा कि हवा में विमान में ईंधन भरल जइसन मिशन काफी जोखिम भरल हो सकेला।
Read Also: 14 मार्च 2026 के राशिफल









