सेंट्रल डेस्क। सनातन धरम में फाल्गुन महीना के बहुते महत्व बा। एह महीना में पवित्र नदी में स्नान आ दान-पुण्य करे के खास फल मिलेला। वैदिक पंचांग के अनुसार, फाल्गुन महीना के आखिरी तिथि पs फाल्गुन पूर्णिमा मनावल जाला। एह दिन हर साल होलिका दहन के परब धूमधाम से मनावल जाला। एकरा अगिला दिन से चैत्र महीना सुरू हो जाला। चलीं, फाल्गुन पूर्णिमा 2026 के तिथि आ सुभ मुहूर्त जान लीं।
फाल्गुन पूर्णिमा 2026 : तिथि आ सुभ मुहूर्त
वैदिक पंचांग के अनुसार, फाल्गुन पूर्णिमा तिथि के सुरुआत
02 मार्च 2026, सांझ 5 बजके 55 मिनट से होई।
तिथि के समापन
03 मार्च 2026, सांझ 5 बजके 07 मिनट पs होई।
एह हिसाब से फाल्गुन पूर्णिमा 03 मार्च 2026 के मनावल जाई। एही दिन होलिका दहन कइल जाई।
स्नान-दान के सुभ मुहूर्त:
सबेरे 05 बजके 05 मिनट से 05 बजके 55 मिनट तक।
सूर्योदय-सूर्यास्त आ चंद्र समय
- सूर्योदय: सबेरे 06:44 बजे
- सूर्यास्त: सांझ 06:22 बजे
- चंद्रोदय: सांझ 06:21 बजे
- चंद्रास्त: ना
आउर सुभ मुहूर्त
- ब्रह्म मुहूर्त: 05:05 से 05:55 तक
- विजय मुहूर्त: 02:29 से 03:16 तक
- गोधूलि मुहूर्त: 06:20 से 06:44 तक
फाल्गुन पूर्णिमा के धार्मिक महत्व
मान्यता बा कि फाल्गुन पूर्णिमा के दिन भगवान विष्णु आ मां लक्ष्मी के पूजा करे से जिनगी में सुख-समृद्धि आवेला आ धन लाभ के जोग बनेला। एह दिन पवित्र नदी में स्नान आ दान करे से पाप नष्ट होला आ मां लक्ष्मी के किरपा मिलेला।
चंद्र दोष से मुक्ति खातिर एह दिन चंद्र देव के पूजा आ अर्घ्य देवे के विधान बा। मंत्र जप से चंद्र दोष दूर होखेला।
एह बातन के रखीं ध्यान
- तामसिक भोजन से बचीं
- करिया रंग के कपड़ा मत पहिनीं
- वाद-विवाद मत करीं
- घर के बुजुर्ग आ महिला लोगन के अपमान मत करीं
- ब्रह्मचर्य के पालन करीं
- अन्न, धन आ जरूरत के सामान दान करीं
Read Also: Amalaki Ekadashi 2026 : आमलकी एकादशी कब बा? जानीं एकर महत्व आ पारण टाइम







