Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दिल्ली कोचिंग हादसा: दृष्टि IAS के विकास दिव्यकीर्ति के बयान, ‘हमरा टीम से कवनो चूक भइल होखे तऽ…’

242
Google Ads 300*250 for posts

राजेन्द्र नगर के एगो कोचिंग सेंटर में तीन गो विद्यार्थियन के मौत का बाद एमसीडी तेजी से कार्रवाई कइलस आ बहुते अवैध आ तहखाना वाला कोचिंग संस्थानन के सील कऽ दिहलस। एमें विकास दिव्यकीर्ति के दृष्टि आईएएस कोचिंगो शामिल बा। एकरा बारे में दृष्टि आईएएस के ओर से विकास दिव्यकीर्ति के बयान सामने आइल बा।

दृष्टि आईएएस के ओर से शनिचर (27 जुलाई) के राजेन्द्र नगर में इस्थित एगो कोचिंग संस्थान के तहखाना में भइल घटना आ ओकरा बाद पैदा भइल परिस्थिति पs टीम दृष्टि के रुख निम्नलिखित बा।

1. हमनी के अफसोस बा कि हमनी के आपन स्टैंड पेश करे में देरी कइनी। दरअसल हम अधूरा जानकारी के आधार पs कुछ ना कहल चाहत रहनी। एहिसे एह देरी खातिर हम ईमानदारी से माफी चाहत बानी।

2. हम शनिचर के एह दुर्भाग्यपूर्ण घटना पs गहरा संवेदना व्यक्त करत बानी जवना में श्रेया यादव, तान्या सोनी आ निविन डालविन नाम के तीन गो छात्रा के आकस्मिक आ दर्दनाक मौत हो गइल। हम तीनों लइकन के विनम्र श्रद्धांजलि दे तानी आ भगवान से प्रार्थना करऽ तानी कि ओह लोग के परिवार के अतना बड़हन क्षति के सहन करे के हिम्मत मिले।

3. हमनी के एह बच्चा के परिवार से सीधा परिचय नइखे, बाकिर हमनी के एह दुख के घड़ी में पूरा तरीका से ओ लोग के संगे बानी। अगर हमनी के कवनो तरीका से ओह लोग खातिर कुछ कऽ सकीलें तऽ हमनी के आभारी महसूस करब जा।

4. एह दुर्घटना के लेके विद्यार्थियन में जवन नाराजगी देखल गइल बा उऽ पूरा तरह से जायज बा। अगर एह आक्रोश के सही दिशा मिल जाव आ सरकार कोचिंग संस्थानन खातिर निश्चित दिशानिर्देश लागू कर देव तऽ बहुते बढ़िया रही। हमनी के एह मामला में सरकार के सक्रिय सहयोग करे खातिर तैयार बानी।

5. कोचिंग संस्थान से जुड़ल ई समस्या ओतना सरल नइखे जतना सतह पर लउकत बा। एकर कई गो पहलू बा जवन कानून के अस्पष्टता आ विरोधाभास से जुड़ल बा। डीडीए, एमसीडी आ दिल्ली फायर विभाग के नियम में असंगति बा। एही तरे ‘दिल्ली मास्टरप्लान-2021’, ‘राष्ट्रीय भवन संहिता’, ‘दिल्ली फायर नियम’ आउर ‘एकीकृत भवन उपनियम’ के प्रावधान में बहुत विरोधाभास बा।

‘दिल्ली मास्टरप्लान-2021’ के छोड़ के कवनो दस्तावेज में कोचिंग संस्थानन खातिर कवनो साफ प्रावधान नइखे कइल गइल। उम्मीद बा कि एक महीना में जब केंद्रीय गृह मंत्रालय के ओर से नियुक्त समिति आपन रिपोर्ट पेश करी तऽ ओकर बतावल अधिकांश बिन्दु के समाधान हो जाई।

6. हम पूरा भरोसा के साथ कह सकत बानी कि टीम दृष्टि छात्रन के सुरक्षा के लेके बेहद सावधान रहेला। वर्तमान में हमनी के प्रबंधन में ‘फायर एंड सेफ्टी ऑफिसर’ के विशेष पद बा, जवना पs अधिकारी नेशनल फायर सर्विस कॉलेज (नागपुर) से पढ़ल-लिखल बाड़े आ बड़-बड़ अस्पताल आउर मॉल में 14 साल तक इहे काम कइले बाड़े।

उ लोग हर भवन के सुरक्षा ऑडिट नियमित रूप से करेले। एकरा अलावा हर बिल्डिंग खातिर एगो अधिकारी के जिम्मेदारी बा कि उ रोज 16 सुरक्षा बिंदु के जांच करे आ ‘बिल्डिंग मेंटेनेंस ग्रुप’ के जानकारी अपडेट करे। जवना भवन में हमनी के कक्षा बा, ओहिजा कम से कम दुगो निकास बा, ताकि कवनो आपातकालीन इस्थिति में बच्चा सुरक्षित भाग सके।

7. दिल्ली नगर निगम द्वारा पिछला कुछ दिन में कइल गइल व्यापक कार्रवाई के स्वागत योग्य बा।

8. एह समस्या के स्थायी समाधान ई बा कि सरकार दिल्ली में तीन चार गो क्षेत्र चुन के कोचिंग संस्थान खातिर नामित करे। अगर सरकार खुद कक्षा, पुस्तकालय आ हॉस्टल तैयार करी तऽ ना कवनो जादा किराया के समस्या होई आउर ना सुरक्षा से जुड़ल प्रावधान के।

9. हमनी के जल्दिए एह विषय के जटिलता के स्पष्ट करे खातिर एगो विस्तृत विश्लेषण (लेख भा वीडियो) जारी करब जा ताकि सभे छात्र आ अउरी हितधारक सभे पक्ष के समझ सके। हमनी के मानल बा कि जब सगरी दल मौजूद रहीहें तब समाधान के सही राह मिल जाई

10. एक बेर फेरु अगर हमनी के टीम जानबूझ के भा अनजाने में कवनो गलती कइले बिया तऽ हमनी के एक बेर फेरु ओह खातिर आपन अफसोस जताव तानी। अब हम विद्यार्थियन के सुरक्षा के लेके आउर सतर्क रहे के भरोसा देत बानी।

911820cookie-checkदिल्ली कोचिंग हादसा: दृष्टि IAS के विकास दिव्यकीर्ति के बयान, ‘हमरा टीम से कवनो चूक भइल होखे तऽ…’

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.