सबेरे-सबेरे: बइठले-बइठले कंधा में होखे लागेला जकड़न तs कs के देखीं इs 3 गो योगासन

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 18, 2024

कई गो कारन से कंधा में अकड़न अवुरी दर्द महसूस कईल जा सकता। चाहे तनाव होखे भा कुर्सी पs बईठ के घंटों काम कईल, कंधा अतना टाइट लागेला कि उs टूट जाई। एकरा चलते कंधा

Share

योगा

कई गो कारन से कंधा में अकड़न अवुरी दर्द महसूस कईल जा सकता। चाहे तनाव होखे भा कुर्सी पs बईठ के घंटों काम कईल, कंधा अतना टाइट लागेला कि उs टूट जाई। एकरा चलते कंधा में दर्द होखला के बावजूद उs कुर्सी से ना उठेले, काहेंकी एतना काम होखेला। अइसना में घरे गइला के बाद भा सबेरे ऑफिस आवे से पहिले कुछ योग पोज कs सकेनी जवन कंधा के अकड़न दूर करे आ कंधा के दर्द से छुटकारा पावे में बढ़िया असर देखावेला।

धुनरासन

धनुष निहन देखाई देवे वाला एs आसन के कईला से गर्दन, कंधा अवुरी पीठ के राहत मिलेला। एह आसन के करे खातिर पेट के बल लेट जाई। अब गोड़ के पीछे के ओर उठाईं आ हाथ पीछे लेत गोड़ के पकड़ीं। एह आसन में सिर आगे के ओर रहेला आ पीछे के देह धनुष नियर झुकल रहेला। 

उत्तान शिशोसन


नाव से कठिन लागे वाला ई आसन असल में बिल्कुल कठिन नइखे. एह आसन के करे खातिर घुटना जमीन पs राख के बईठ जाई। अब देह के ऊपर के ओर उठा के आगे के हाथ जमीन पs पसार दीं। माथा जमीन से छूवे के चाही बाकिर पेट के ऊपरी हिस्सा हवा में रहे के चाही। राउर नितंब हवा में ऊपर रहे के चाहीं। कुछ देर ले रखला के बाद एह मुद्रा (योग आसन) के छोड़ दीं। 

मार्जरी आसन 

मार्जरी आसन के कैट पोज भी कहल जाला। ई आसन भी कइल आसान बा। सबसे पहिले जमीन पs घुटना टेक के बईठ जाई। अब हाथ आगे राखी। ई आसन ठीक ओही तरह से करे के पड़ेला जइसे घोड़ा होखे. बस माथा नीचे झुका के राखे के पड़ी. रउरा पीठ के ऊपर नीचे ले जा सकेनी. एहसे कंधा के संगे कमर दर्द से भी राहत मिलेला। 

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ अयोध्या में हनुमानगढ़ी मंदिर में दर्शन कइले बिना अधूरा होला श्रीराम जी के पूजा, जानीं इतिहास

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.