सबेरे-सबेरे: हाथ आ गोड़ के दरद से मिली राहत, रोज करीं इs 3 गो योगासन

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 13, 2025

आजकल हाथ-गोड़ में दरद सबके परेशान कइले बा। जवान होखे भा बुजुर्ग, सबके शरीर में दरद होखे लागल बा। अयीसन होखे के पीछे बहुत कारण हो सकता। गलत खानपान, पुरान दरद, चाहे मौसम बदलेले के

Share

हाथ आ गोड़ खातीर योगासन

आजकल हाथ-गोड़ में दरद सबके परेशान कइले बा। जवान होखे भा बुजुर्ग, सबके शरीर में दरद होखे लागल बा। अयीसन होखे के पीछे बहुत कारण हो सकता। गलत खानपान, पुरान दरद, चाहे मौसम बदलेले के कारण दरद हो सकता। अयीसना में बहुत लोग दरद से राहत पावे खातीर दवाई अवुरी घरेलू उपाय के सहारा लेवेले। एह सब के अलावा अगर रउरा चाहत बानी तs योग के भी मदद ले सकेनी। योग आपके हाथ-गोड़ के मजबूत करे में भी मदद करेला। अइसना में आज हमनी के कुछ योग आसन के बारे में बतावे जा रहल बानी जा जवन रोज कइला पs हाथ गोड़ मजबूत करे में मदद मिली।

नौकासन

पीठ के बल लेट के दुनो गोड़ के जोड़ दीं। एकरा दौरान हाथ के शरीर के नजदीक राखी। गहिरा साँस लीं आ हाथ आ गोड़ दुनु के ओर खींचत गोड़ से छाती के लगे उठाईं. लमहर आ गहिरा साँस ले के मुद्रा बना के राखीं. साँस छोड़त आराम करीं।

शुलभासन

पेट के बल लेट के गोड़ एक दूसरा से दूर राखीं। अब आपन माथा हथेली पs राखी। अपना देह के आराम दीं। अब गोड़ के एक संगे जोड़ के दुनो हाथ के अपना शरीर के नजदीक राखी। एह दौरान हथेली ऊपर के ओर होखे के चाहीं आ ठोड़ी जमीन के ओर होखे के चाहीं। गहिरा साँस लीं आ गोड़ जमीन से ऊपर के ओर उठाईं। एकरा दौरान ध्यान राखीं कि घुटना ना झुके। एह समय रउरा साँस ली आ साँस छोड़ी, बाद में साँस छोड़त घरी गोड़ के नीचे ले आई.

पर्वतासन

रीढ़ के हड्डी के सीधा कs के बईठ जाई, दुनो हाथ के अँगुरी के एक दूसरा से ताला लगा के हथेलियन के पलट के माथा पs रखीं हाथ के जोड़ल स्थिति में राखीं जब गहिरा साँस लेत घरी बांह, पीठ के मांसपेशी आ कंधा पs खिंचाव महसूस होखे लागे. इs प्रक्रिया दू मिनट ले कईला के बाद हाथ नीचे ले आईं।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.