Cabinet : इंफ्रास्ट्रक्चर आ रेलवे परियेाजनन खातिर 12,236 करोड़ रुपिया मंजूर, केरल के नाम बदल के होई केरलम

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 25, 2026

नई दिल्ली। केंद्रीय मंत्रिमंडल बुनियादी ढांचा आ रेलवे परियोजना के बड़ मंजूरी दे देले बा। इंफ्रास्ट्रक्चर आ कनेक्टिविटी मजबूत करे खातिर कुल 12,236 करोड़ रुपिया के विकास परियोजन पs मुहर लागल बा। एह बैठक में

Share

PM Modi Attacks Congress Over Shirtless Protest at AI Summit

नई दिल्ली। केंद्रीय मंत्रिमंडल बुनियादी ढांचा आ रेलवे परियोजना के बड़ मंजूरी दे देले बा। इंफ्रास्ट्रक्चर आ कनेक्टिविटी मजबूत करे खातिर कुल 12,236 करोड़ रुपिया के विकास परियोजन पs मुहर लागल बा। एह बैठक में केरल के नाम बदल के ‘केरल’ से ‘केरलम’ करे के प्रस्ताव पास कs दिहल गइल।

केंद्रीय मंत्री अश्विनी वैष्णव बतवलें कि नया पीएम ऑफिस सेवा तीर्थ में भइल पहिला कैबिनेट बैठक में कइयन गो अहम फैसला लिहल गइल। सबसे बड़ हिस्सा रेलवे परियोजना खातिर रखल गइल बा। गोंदिया-जबलपुर रेल लाइन के दोहरीकरण खातिर 5,236 करोड़ रुपिया मंजूर कइल गइल बा।

रेलवे नेटवर्क आउर मजबूत करे खातिर पुनरख-किऊल रेलखंड में तीसरका आ चउथा लाइन खातिर 2,668 करोड़ रुपिया, जबकि गम्हरिया-चांडिल रेल लाइन के विस्तार खातिर 1,168 करोड़ रुपिया के मंजूरी मिलल बा।

विमानन आ शहरी परिवहन के बढ़ावा देवे खातिर कैबिनेट श्रीनगर में 1,667 करोड़ रुपिया के लागत से नया इंटीग्रेटेड एयरपोर्ट टर्मिनल बनावे के हरी झंडी दे देले बा। संगही अहमदाबाद मेट्रो फेज-2B के विस्तार खातिर 1,067 करोड़ रुपिया मंजूर भइल बा।

एह बैठक में नीति आ कृषि से जुड़ल कइयन गो फैसला लिहल गइल। ऊर्जा क्षेत्र में सुधार खातिर नया पावर सेक्टर रिफॉर्म्स पास कइल गइल। किसानन के राहत देत कच्चा जूट खातिर न्यूनतम समर्थन मूल्य तय कइल गइल, जवना खातिर 430 करोड़ रुपिया के प्रावधान कइल गइल बा।

Read Also: 25 फरवरी 2026 के राशिफल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.