सबेरे-सबेरे: मक्खन के जइसन पिघल जाई थाई फैट, चरबी के गलवले में मददगार साबित होंइ इs योगासन

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 4, 2024

  नियमित रूप से योग कईला से आप अपना वजन घटावे के सफर के बहुत हद ले आसान बना सकतानी। अक्सर लोग के जांघ पs जमा चर्बी के कम करे खातीर बहुत मेहनत करे के

Share

सेहत

 

नियमित रूप से योग कईला से आप अपना वजन घटावे के सफर के बहुत हद ले आसान बना सकतानी। अक्सर लोग के जांघ पs जमा चर्बी के कम करे खातीर बहुत मेहनत करे के पड़ेला। बाकिर कुछ योग आसन के अभ्यास से आपके शरीर में जमा अतिरिक्त वसा के जरा सकता। अयीसन कुछ योगासन के बारे में बताईं, जवन कि आपके मोटापा के कम करे में कारगर साबित हो सकता। बेहतर रिजल्ट पावे खातिर रोज एह योगासन के अभ्यास करे के पड़ी।

वसा कम करे में कारगर बा

विरभद्रासन के नियमित अभ्यास आपके जांघ के टोन करे में मददगार साबित हो सकता। एs आसन के मदद से आप अपना पूरा शरीर के मजबूत कs सकतानी। जांघ के चर्बी कम करे खातिर उत्कटासन के अभ्यास भी कइल ठीक बा। अगर रउआ चाहत बानी तs वृक्षासन के भी अपना रोजमर्रा के काम में शामिल कs के जांघ के चर्बी कम कईल जा सकता।

इs योग आसन कारगर साबित होई

भुजंगासन यानी कोबरा आसन के नियमित अभ्यास भी जांघ के चर्बी कम करे में कारगर साबित हो सकेला। मोटापा से छुटकारा पावे खातिर त्रिकोनासन भी कइल जा सकेला। पेट के चर्बी अवुरी जांघ के चर्बी के अलविदा कहे खातीर उत्तानासन के मदद भी ले सकतानी।

ध्यान देबे वाला बात

एs योगासन के अभ्यास के अलावे आपके आहार योजना के स्वस्थ राखे पs भी ध्यान देवे के चाही। चर्बी जरे खातिर 7-8 घंटा के साउंड स्लीप लेवे के बहुत जरूरी बा। एकरा अलावे वजन घटावे के सफर आसान बनावे खातीर जादा तनाव लेवे से भी बचे के चाही। संगही शराब अवुरी धूम्रपान जईसन खराब आदत से दूर रहीं, ना तs आपके वजन कम करे में बहुत दिक्कत हो सकता।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.