सिलीगुड़ी से छपरा आ रहल यात्री बस पलटल: एगो महिला के मौत; 12 से जादे यात्री घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 24, 2025

किशनगंज : लाहिल में एनएच 27 पs अतवार के देर रात एगो बड़ हादसा भइल। जहां सिलीगुड़ी से छपरा जा रहल यात्री बस अनियंत्रित होके पलट गइल। हादसा में एगो महिला यात्री के मौत हो

Share

सिलीगुड़ी से छपरा आ रहल यात्री बस पलटल: एगो महिला के मौत; 12 से जादे यात्री घायल

किशनगंज : लाहिल में एनएच 27 पs अतवार के देर रात एगो बड़ हादसा भइल। जहां सिलीगुड़ी से छपरा जा रहल यात्री बस अनियंत्रित होके पलट गइल। हादसा में एगो महिला यात्री के मौत हो गइल आ एक दर्जन से जादे यात्री घायल हो गइल लो। घटना रात 10:12 बजे के आसपास के बतावल जा रहल बा।

बतावल जा रहल बा कि बस किशनगंज से आगे बढ़ल रहे आ बंगाल के कानकी से पहिले डिवाइडर से टकराके बीच सड़क पs पलट गइल। टक्कर एतना जोरदार रहे कि आसपास के लोग जोर के आवाज सुनलस। घटना के बाद स्थानीय लोग तुरंत मवका पs पहुंचल आ घायलन के बस से बाहर निकालल।

ओहिजा, घायलन के बंगाल आ किशनगंज के अस्पतालन में भरती करावल गइल। चाकुलिया थाना के पुलिस मवका पs पहुंचल आ राहत कार्य में जुट गइल। पुलिस बतवलस कि मृतक महिला के अभी ले पहचान नइखे हो सकल। पुलिस ममिला के जांच कs रहल बिया।

Read Also: Apple Watch: एपल कs रहल बा बड़ तइयारी, स्मार्टवॉच में मिली कैमरा, फोन के हो जाई छुट्टी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.