JPU में स्नातक खातिर 6 हजार सीट बढ़ल: अब 37 हजार छात्रन के मिली दाखिला, साइंस आ कॉमर्स में कम होई प्रतिस्पर्धा

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 31, 2025

छपरा: जयप्रकाश विश्वविद्यालय (जेपीयू) में छात्रन खातिर अच्छा खबर बा। विश्वविद्यालय में स्नातक स्तर पs सीटन के संख्या में 20 प्रतिशत के बढ़न्ती कइल गइल बा। पहिले 31,264 सीट रहे, जवन अब बढ़के 37,000 हो

Share

JPU में स्नातक खातिर 6 हजार सीट बढ़ल: अब 37 हजार छात्रन के मिली दाखिला, साइंस आ कॉमर्स में कम होई प्रतिस्पर्धाs

छपरा: जयप्रकाश विश्वविद्यालय (जेपीयू) में छात्रन खातिर अच्छा खबर बा। विश्वविद्यालय में स्नातक स्तर पs सीटन के संख्या में 20 प्रतिशत के बढ़न्ती कइल गइल बा। पहिले 31,264 सीट रहे, जवन अब बढ़के 37,000 हो गइल बा। जेपीयू के 19 अंगीभूत कॉलेजन में ई बढ़ोतरी लागू होई।

राज्य सरकार तीन साल पहिले 4,736 सीट बढ़ावे के निर्णय लेले रहे। विश्वविद्यालय में हर साल नामांकन खतिर तय सीटन से दोगुना आवेदन आवेला। सीट कम होखला से हजारन छात्र प्रवेश ना ले पावत रहे लाे। जेपीयू के अधीन छपरा, सीवान आ गोपालगंज में 21 अंगीभूत आ 11 संबद्ध कॉलेज बा।

कॉमर्स के स्टूडेंट्स के सुविधा

एह कॉलेजन में कला, विज्ञान आ वाणिज्य के 25 से जादे विषय पढ़ावल जाला। विज्ञान आ वाणिज्य संकाय में प्रवेश खातिर सबसे जादे प्रतिस्पर्धा रहेला। सीट बढ़ला से विज्ञान आ वाणिज्य संकाय में प्रतिस्पर्धा कम होई। कला संकाय में हर साल सीट खाली रहेला।

विश्वविद्यालय प्रशासन कला विषयन में छात्रन के रुचि बढ़ावे के प्रयास करी। विश्वविद्यालय प्रशासन के कहनाम बा कि सीट बढ़लस से छात्रन के अपना जिला में अच्छा शिक्षा मिली। एहसे ओह लोगन के दोसर विश्वविद्यालयों में गइला के जरूरत ना पड़ी।

Read Also: छपरा जेल से दूसरका बेर फरार भइल कैदी: देवाल फानके भागे में पवलस सफलता, 15 दिन पहिले भेजल गइल रहे जेल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.