[the_ad_group id="30365"]

छपरा जेल से दूसरका बेर फरार भइल कैदी: देवाल फानके भागे में पवलस सफलता, 15 दिन पहिले भेजल गइल रहे जेल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा जेल से सनीचर के रात एगो कैदी फरार हो गइल, जवना के सूचना के बाद पुलिस विभाग में हड़कंप मच गइल बा। फरार कैदी के पहचान सिवान जिला के गोरियाकोठी निवासी नितेश कुमार के रूप में भइल बा। बतावल गइल कि नितेश के चोरी आ छिनतई के आरोप में 15 दिन पहिलही जेल भेजल गइल रहे।

इहो बतावल गइल कि नितेश दूसरका बेर जेल से भागल बा। एकरा पहिले बरिस 2023 में ट्रैक्टर चोरी के ममिला में गिरफ्तार होखला के बाद ऊ जेल गेट से भाग गइल रहे। ओह वक्त पुलिस एफआईआर दर्ज कइले रहे। 18 अप्रिल के भगवान बाजार थाना पुलिस ओकरा के फेर से पकड़लस।

संभावित ठिकानन पs छापेमारी जारी

घटना के बाद जेल प्रशासन के सुरक्षा बेवस्था पs गंभीर सवाल खड़ा हो गइल बा। सूत्रन के मोताबिक, जेल में सुरक्षा के पर्याप्त इंतजाम ना रहे। सनीचर के रात नितेश एही कमजोर सुरक्षा के फायदा उठवलस आ देवाल फानके फरार हो गइल।

स्थानीय पुलिस आ जेल पुलिस के टीम नितेश के तलाश में जुटल बिया। ओकरा संभावित ठिकानन पs छापेमारी कइल जा रहल बा। जेल अधीक्षक भगवान बाजार थाना में नया प्राथमिकी दर्ज करवले बाड़ें। पुलिस आ जेल प्रशासन के वरिष्ठ अधिकारी फिलहाल एह ममिला पs कवनो टिप्पणी करे से बच रहल बा लो।

Read Also: UPI New Rule: अगर मोबाइल नंबर बंद तो नहीं मिलेंगी यूपीआई की सेवाएं; बदल रहे नियम, यूजर्स तुरंत कर लें ये काम

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]