गर्दन आ रीढ़ के हड्डी से जुड़ल बा स्पॉन्डिलाइटिस के बीमारी, जानीं एकर लक्षण आ ठीक करे के कारगर उपाय

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 11, 2024

आजकल लोग हार्ट, लिवर आ किडनी से जुड़लऽ कई क्रोनिक डिज़ीज़ के गिरफ्त बाड़े। जेकर बड़ वजह बा जिए के आ काम करे के तौर-तरीक़ों में आइलऽ बदलाव। सर्वाइकल स्पोंडिलोसिस एगो गंभीर बीमारी बा जेहमे

Share

आजकल लोग हार्ट, लिवर आ किडनी से जुड़लऽ कई क्रोनिक डिज़ीज़ के गिरफ्त बाड़े। जेकर बड़ वजह बा जिए के आ काम करे के तौर-तरीक़ों में आइलऽ बदलाव। सर्वाइकल स्पोंडिलोसिस एगो गंभीर बीमारी बा जेहमे रीढ़ के हड्डी में सूजन आ जाला। इ बीमारी मुख्य रूप से गर्दन के सर्वाइकल स्पाइन के प्रभावित करेला। एकरा मे सर्वाइकल ऑस्टियोआर्थराइटिस आ गर्दन के गठिया के रूप में भी जानल जाला।एह बीमारी में गर्दन के हड्डी, रीढ़ के हड्डी आ डिस्क सबसे ज्यादा प्रभावित होला।

स्पोंडिलोसिस गलत पॉश्चर में बइठे से, वर्कआउट ना कइला से, यूरिक एसिड आ कोलेस्ट्रॉल के बढ़ला से होला । एकरा साथे डायबिटीज, थायराइड, मोटापा आ बढ़त उमिर भी स्पाइन के इ परेशानी के बढ़वेला।

सही समय पs एह बीमारी के इलाज न कइलऽ गइलऽ तऽ एडवांस स्टेज में इ लंग्स, हार्ट के इफेक्ट करे के साथ – साथ ब्रेन के नस तक डैमेज कर सकत बा। इ केतना खतरनाक हs उऽ तऽ रउवा जान लेनी। बाकी स्पॉन्डिलाइटिस होला ला? उऽ भी समझ लिहि, स्पॉन्डिलाइटिस गर्दन के हिस्सा माने स्पाइन के वर्टिब्रा में सूजन के कहल जाला।

का हs स्पॉन्डिलाइटिस?

स्पॉन्डिलाइटिस में गर्दन से उपटल दरद, कंधा, पीठ से बढ़त डारऽ के निचला हिस्सा तक पहुंच जाला। आजकल स्पाइन प्रॉब्लम के शिकार ज्यादातर युवा लोग बाड़े। देश में हर 10 में से 7 लोग स्पॉन्डिलाइटिस के दर्द के झेल रहल बाड़े। उमिर चाहे 65 के हो या 25 के। काँधा आ कमर झुके ना, सिर तना रहल बा आ कॉन्फिडेंस भरलऽ रहे, ओकरा ला ज़रूरी बा रीढ़ के हड्डी के मजबूती ।

स्पॉन्डिलाइटिस होखे के का बा वजह?

स्पॉन्डिलाइटिस होखे के पीछे खराब डाइट लेवलऽ, गलत पॉश्चर में बइठल, वर्कआउट ना कइला से, यूरिक एसिड के बढ़ला से आ कोलेस्ट्रॉल के बढ़ोतरी जइसन तमाम वजह बाड़ी सन।

स्पॉन्डिलाइटिस के लक्षण

थकान रहेला

मांसपेशियों में दरद होला

आंख मे सूजन आवेला

जोड़ में दरद होला

गर्दन-पीठ में दरद होला

हाथ-पैर में सूजन आवेला

स्पॉन्डिलाइटिस के दर्द में मिली राहत

95% बैक पेन में सर्जरी के जरूरत ना पड़े

योग-वर्कआउट से दरद में आराम होला

लाइफस्टाइल बदले से आराम मिलेला

(इ आर्टिकल सामान्य जानकारी खातिर बा, कवनो भी उपाय के अपनाए से पहिले डॉक्टर से परामर्श जरूर से लिहि )

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.