सबेरे-सबेरे: नया साल पs सुरू करीं इs 3 गो आसान योगासन, खुद के दीं फिटनेस आ एनर्जी के स्पेशल गिफ्ट

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 3, 2025

नया साल नया उम्मीद आ नया शुरुआत के समय हs। एह दौरान लोग अक्सर अपना जीवन में सुधार आ स्वस्थ जीवनशैली अपनावे के संकल्प लेला।  हालांकि व्यस्त जीवनशैली अवुरी काम के कार्यक्रम के चलते बहुत

Share

सबेरे-सबेरे

नया साल नया उम्मीद आ नया शुरुआत के समय हs। एह दौरान लोग अक्सर अपना जीवन में सुधार आ स्वस्थ जीवनशैली अपनावे के संकल्प लेला।  हालांकि व्यस्त जीवनशैली अवुरी काम के कार्यक्रम के चलते बहुत लोग एकरा के पूरा नईखे कs पावत।  अगर आप भी स्वस्थ अवुरी खुशहाल जीवन चाहतानी, बाकिर जिम जाए चाहे लंबा वर्कआउट करे खातीर समय निकालल मुश्किल बा, तs योग से आपके समस्या के समाधान हो सकता।

कटि आसन (Waist Pose)
शरीर के अतिरिक्त चर्बी के कम करे अवुरी कमर के लचीला बनावे में कटि आसन मददगार होखेला।

कइसे कइल जाला

दुनो गोड़ के फैला के खड़ा करीं, हाथ के बारी-बारी से दाहिना आ बाईं ओर घुमाईं।इs आसन कमर अवुरी पेट के चर्बी कम करेला अवुरी मांसपेशी के लचीला बनावेला।

वृक्षासन (Tree Pose)
वृक्षासन शरीर के संतुलन अवुरी एकाग्रता के क्षमता बढ़ावे में मदद करेला।

कइसे कइल जाला
एक गोड़ उठा के दूसरा घुटना के पास रखीं आ नमस्कार मुद्रा बनाईं। इs आसन गोड़ के मांसपेशी के मजबूत करेला अवुरी शरीर के स्थिरता देवेला।

कोणासन (Angle Pose)
कोणासन पेट अवुरी कमर के चर्बी कम करे के संगे लचीलापन बढ़ावे के काम करेला।

कइसे कइल जाला

दुनो गोड़ पसार के खड़ा रहीं, उल्टा हाथ के सीधा गोड़ के ओर मोड़ दीं।  दूसरा ओर भी इहे प्रक्रिया दोहराईं। एह आसन से कमर पतला हो जाला आ पेट के फालतू चर्बी कम हो जाला।

इहो पढ़ीं : अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के ‘ अपने दौर के underrated एक्ट्रेस रहली ‘राखी गुलजार’

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.