सबेरे-सबेरे: सबेरे उठला के बाद इs व्यायाम करीं, बेमारी से रहब दूर

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 19, 2025

योग अउरी व्यायाम के स्वास्थ्य खातीर बहुत फायदेमंद मानल जाला। बेमारी खास तौर पs जाड़ा में व्यायाम कs के शरीर से दूर रहेला। योग अउरी व्यायाम भी शरीर के गरम करे के काम करेला। व्यायाम

Share

योग अउरी व्यायाम के स्वास्थ्य खातीर बहुत फायदेमंद मानल जाला। बेमारी खास तौर पs जाड़ा में व्यायाम कs के शरीर से दूर रहेला। योग अउरी व्यायाम भी शरीर के गरम करे के काम करेला। व्यायाम अउरी योग के फायदा के बारे में सभके मालूम बा, बाकिर एकरा बावजूद बहुत कम लोग व्यायाम के अपना रोजमर्रा के दिनचर्या में शामिल करे में सक्षम बाड़े। अइसन एह से होला काहे कि आजकल लोग के समय के कमी हो जाला। व्यस्तता के बीच योग अउरी व्यायाम खातीर समय मिलल मुश्किल बा। हमनी के रोज सबेरे उठ के बिस्तर पs बईठ के कुछ साधारण व्यायाम कs सकतानी।

योगा

स्वास्थ्य खातिर योग बहुत फायदेमंद होला। इs खाली शरीर खातिर ना, मन खातिर भी बहुत फायदेमंद बा। सबेरे उठला के बाद कपालभाति आ अनुलोम-विलोम जइसन योग कs सकेनी।

सूर्य नमस्कार


सूर्य नमस्कार पूरा शरीर खातिर फायदेमंद बा। अयीसन कईला से शरीर के गर्दन से लेके गोड़ तक के हर अंग के फायदा होखेला। रोजमर्रा के दिनचर्या में सूर्य नमस्कार के शामिल करके रोग दूर रहेला। एकरा से कई प्रकार के दर्द से भी राहत मिलेला।

गोड़ के व्यायाम


पैर के व्यायाम कईला से शरीर में गर्मी आवेला अवुरी शरीर फिट रहेला। सबेरे उठ के हमनी के बिस्तर पे क्रॉस लेग अउरी कैंची लेग जईसन व्यायाम क सकतानी। इs सिर्फ गोड़ खातीर ना, बालुक पूरा शरीर खातीर फायदेमंद बा।

स्ट्रेचिंग


खिंचाव शरीर खातिर फायदेमंद होखेला। खिंचाव से देह खुल जाला। सबेरे-सबेरे स्ट्रोचिंग कईला से शरीर में गर्मी आवेला अउरी जाड़ा खतम हो जाला। खिंचाव से शरीर से आलस्य दूर हो जाला।

डम्बल


भले डम्बल खतरनाक लागे, बाकिर डंबल बिस्तर पs बईठ के कईल जा सकता आ डंबल कईला से शरीर मजबूत हो जाला।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.