सबेरे-सबेरे: सरदी-खांसी से बानी परेशान, तs एs चार योगासन से मिली आराम

Minee Upadhyay
जाड़ा दूर करे खातीर योगासन
- Sponsored Ads-

मौसम बदले लागल बा। जाड़ा चलत बा.अइसना में शरीर के बदलत मौसम के अनुकूल होखे में समय लागेला। आम तौर पs आजकल लोग सरदी अवुरी खांसी से परेसान बा। हालांकि सरदी अवुरी खांसी कुछ दिन में अपने आप ठीक हो जाला, बाकिर कबो-कबो इहे सरदी अवुरी खांसी आपके बहुत दिन ले परेशान करेले। बदलत मौसम के अलावे वायरल संक्रमण, ठंडा हवा के संपर्क में आवे, व्यायाम के कमी, खानपान के कमी, कब्ज आदि के चलते लोग के सरदी अवुरी खांसी के परेशानी भी होखेला। अगर सही समय पs एकरा के ना निकालल जाव आ जरूरी सावधानी ना लिहल जाव तs ई फ्लू आ ब्रोंकोन्यूमोनिया के रूप ले लेला. सरदी-खाँसी के स्थिति में लोग घर में घरे के उपाय अपनावेला। अयीसना में नियमित रूप से योग के अभ्यास से भी सरदी अवुरी खांसी से राहत मिलेला। सर्दी अवुरी खांसी से राहत खातीर कुछ कारगर योग बा, जवना के कईला से आप जल्दी से जल्दी ठीक हो सकतानी। 

भुजंगासन

- Sponsored Ads-

एह आसन के करे खातिर जमीन पs पेट के बल लेट जाइ। दुनो गोड़ के बीच कुछ दूरी बना के लंबा सांस लेके कमर के ऊपरी हिस्सा के ऊपर के ओर उठाईं। एकरा दौरान कोहनी के सीधा राखे के चाही अवुरी गोड़ के मोड़त समय जादे खिंचाव ना करे के चाही। 

पवनमुक्तासन


इs योग मुद्रा करे खातीर पीठ के बल पs लेट के गोड़ तान के फेर हाथे से दुनु गोड के मोड के पकड़ के कुछ देर ले राखी. ई प्रक्रिया बेर-बेर करीं.

वज्रासन

इs योग करे खातिर सबसे पहिले घुटना पs बइठी । अब आपन जांघ एड़ी पs सेट करीं। जांघ पs हाथ राखीं आ पीठ सीधा करीं. गहिरा साँस लीं आ एह स्थिति के लगभग 10 मिनट ले रही, ओकरा बाद आराम के स्थिति में वापस आ जाईं।

नोट : योगगुरु के सुझाव के आधार पs ई लेख तइयार कइल गइल बा। आसन के सही स्थिति के बारे में जाने खातिर आप कवनो विशेषज्ञ से संपर्क कs सकतानी।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या से बानी परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

- Sponsored Ads-

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।