समीक्षा बैठक: CM योगी के निर्देश- खिचड़ी मेला में भी झलकी गोरक्षनगरी के समृद्धि

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 23, 2024

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहले कि मकर संक्रांति से लेके महाशिवरात्रि ले चले वाला खिचड़ी मेला गोरखपुर के विकास के ब्रांडिंग के भी एगो महत्वपूर्ण मौका होई। इहाँ के सकारात्मक बदलाव के ब्रांडिंग भी खिचड़ी मेला

Share

गोरखनाथ मंदिर

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहले कि मकर संक्रांति से लेके महाशिवरात्रि ले चले वाला खिचड़ी मेला गोरखपुर के विकास के ब्रांडिंग के भी एगो महत्वपूर्ण मौका होई। इहाँ के सकारात्मक बदलाव के ब्रांडिंग भी खिचड़ी मेला में देखाई देवे के चाही। प्रशासन के कोशिश होखे कि मेला में आवे वाला सभे भक्त, गोरखपुर के अविस्मरणीय सकारात्मक छवि अपना मन में राखे।

उs कहले कि जवना सभ विभाग के भक्त के सुरक्षा, आराम अवुरी सुविधा के जिम्मेवारी दिहल गईल बा, उs सभ हालत में 25 दिसंबर ले आपन सभ तैयारी पूरा करे के चाही। मुख्यमंत्री खिचड़ी मेला के प्लास्टिक मुक्त आयोजन बनावे के निर्देश भी देले।

सीएम योगी अतवार के साँझ गोरखनाथ मंदिर के विधानसभा हॉल में मकर संक्रांति के होखे वाला विश्व प्रसिद्ध पारंपरिक खिचड़ी मेला के तैयारी के समीक्षा करत रहले। मुख्यमंत्री कहले कि खिचड़ी मेला में खाली पूर्वी उत्तर प्रदेश से ना बालुक बिहार, नेपाल अवुरी देश-दुनिया के सनातन अनुयायी के आस्था बा।

एकरा के देखत मेला में सभ मूलभूत सुविधा के व्यवस्था होखे के चाही, ताकि मेला में आवे वाला श्रद्धालु के बेहतर सुविधा दिहल जा सके।

मुख्यमंत्री कहले कि सुरक्षा अवुरी सभ सुविधा पs पूरा ध्यान देवे के चाही। सुरक्षा के पर्याप्त व्यवस्था आ यातायात प्रबंधन के अलावा भक्तन के आवाजाही खातिर मजबूत सड़क, शौचालय, सफाई, अलाव, लंगर आदि के व्यवस्था करे में कवनो लापरवाही ना होखे के चाहीं।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: अंगूरी आ कलाइ के दर्द से छुटकारा पावे खातीर जरूर करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.