सबेरे-सबेरे: अंगूरी आ कलाइ के दर्द से छुटकारा पावे खातीर जरूर करीं इs 3 गो योगासन

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 23, 2024

दिन भर कंप्यूटर पs टाइप करत घरी भा काम करत घरी अँगुरी में दर्द होखे लागेला. कई बेर इs दर्द असहनीय होखेला, दर्द कम करे खातीर आप तरह-तरह के उपाय आजमावेनी। बाकिर इs सब उपाय

Share

अंगूरी आ कलाइ के दर्द से छुटकारा पावे खातीर योगा

दिन भर कंप्यूटर पs टाइप करत घरी भा काम करत घरी अँगुरी में दर्द होखे लागेला. कई बेर इs दर्द असहनीय होखेला, दर्द कम करे खातीर आप तरह-तरह के उपाय आजमावेनी। बाकिर इs सब उपाय कईला के बावजूद दर्द में कवनो राहत नईखे मिलत। तs अबकी बेर इs उपाय छोड़ के योग करीं ताकि अंगुरी अवुरी कलाई में दर्द कम हो सके। कुछ योग बा, जवना के कईला से आपके अँगुरी अवुरी कलाई में दर्द कम हो जाई। जानी कि ई कवन-कवन योग हवें। 

मयूर आसन 


मयूर आसन  करे खातिर पहिले वज्रासन के स्थिति में जमीन पs बईठे के चाहीं। अब दुनु हाथ जमीन पs राखीं। एकरा बाद गोड़ सीधा कs के हाथ जमीन पs टिका ली. अब हाथ के मदद से देह के ऊपर उठाईं। अपना क्षमता के हिसाब से जब ले हो सके एह आसन में रहीं। मयूर आसन कइला से कलाई में दर्द कम होखे लागेला। एकरा अलावे मयूर आसन कईला से गैस के समस्या से भी राहत मिलेला। 

अधो-मुख शवासन


एह योग व्यायाम के डाउनवर्ड-फेसिंग डॉग पोज़ भी कहल जाला। अधो-मुखा शवासन कलाई पs सबसे जादा असर करेला, एहीसे एs आसन के कईला से कलाई मजबूत हो जाले। एकरा खातिर सबसे पहिले हाथ अवुरी घुटना जमीन पs राखी। एकरा बाद गोड़ के सीधा कs के कूल्हि के ऊपर उठाईं, ताकि शरीर उल्टा “वी” के आकार में आ जाव। कुछ सेकंड इंतजार करीं आ ओकरा बाद सामान्य स्थिति में आ जाईं. एकरा के 5-7 बेर दोहराईं।

गोमुखासन


गोमुखासन कइला से कलाई आ हथेली के दर्द दूर होखे लागेला। गोमुखासन करे खातिर पहिले जमीन पs बईठी. एकरा बाद बायां घुटना के ऊपर उठा के दाहिना नितंब के नजदीक ले जाईं। ठीक ओसही अपना दाहिना घुटना के बायां नितंब के नजदीक ले लीं। अब आपन दाहिना हाथ पीछे ले लीं आ बायां हाथ से पकड़ लीं। लगभग 30 सेकंड ले रउरा एs स्थिति में रह सकतानी। 

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ जानीं माता के सबसे प्राचीन ‘मुंडेश्वरी मंदिर’, जहवां मौजूद बा पंचमुखी शिवलिंग जवना के हर तीन दिन पs बदलत रहेला रंग

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.