Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Yoga Tips: एs योगासन से कs सकेनी 30 मिनट में 200 ले कैलोरी बर्न

710

कैलोरी के स्रोत भोजन होखेला, जवन कि आदमी के खाए वाला वसा, प्रोटीन अवुरी कार्बोहाइड्रेट से मिलेला। कैलोरी शरीर के ऊर्जा देवेला लेकिन कैलोरी बढ़ला से स्वास्थ्य में बहुत समस्या हो सकता। अतिरिक्त कैलोरी अतिरिक्त ऊर्जा के रूप में शरीर के वजन बढ़ावे में मदद करेला, जवना के चलते शारीरिक गतिविधि में कमी आ सकता।

अगर आप वजन के नियंत्रित करे अवुरी स्वस्थ रहे के चाहतानी तs कैलोरी बर्न करीं। शारीरिक गतिविधि यानी व्यायाम अवुरी योग के अभ्यास कैलोरी बर्न करे में कारगर होखेला। कम समय में जादा कैलोरी बर्न करे खातीर आप योग भी कs सकतानी।

सूर्य नमस्कार 

सूर्य नमस्कार के अभ्यास कैलोरी के तेजी से बर्न करे खातिर फायदेमंद होखेला। सूर्य नमस्कार 12 आसन के सेट ह, जवना के प्रदर्शन में एक मिनट के समय लागेला। ए समय में 13 से 14 कैलोरी जरावल जा सकता। ई प्रैक्टिशनर पs निर्भर करेला कि ऊ 1 सेट केतना तेजी से पूरा कर सकेला।

हलासन

हलासन के अभ्यास तनी कठिन बा। लेकिन एकरा अभ्यास से आप हर मिनट 2 से 3 कैलोरी बर्न कs सकतानी। जेतना जादा समय हलासन करीं, ओतने जादा कैलोरी जर जाई।

पीठ के बल लेट के हाथ शरीर के नजदीक आ हथेली जमीन के ओर राखीं। अब दुनो गोड़ के 90 डिग्री ऊपर उठा के दुनो हथेली के जमीन पs राखी। माथा के पीछे के हिस्सा गोड़ पs ले लीं। कुछ समय तक एही स्थिति में रही।

धनुरासन

धनुरासन के हठयोग के 12 मूल आसन में से एगो मानल जाला। आसन के अभ्यास से पूरा पीठ खिंचाव हो जाला अवुरी कमर में लचीलापन बढ़ जाला अवुरी कमर मजबूत हो जाला। हलासन के एक मिनट के सही अभ्यास से 3-4 कैलोरी बर्न हो सकता। जेतना जादा समय अभ्यास करब, ओतने जादा कैलोरी बर्न करे में सक्षम होखब। एह आसन के करे खातिर पेट पs लेट के दुनो गोड़ मोड़ के ऊपर के ओर ले जाईं। दुनो हाथ से पैर के अंगूरी के पकड़ के साँस लेवे अवुरी गोड़ के ऊपर के ओर खींचे के चाही। कुछ समय ले एह स्थिति में रहला के बाद वापस सामान्य स्थिति में आ जाईं।

नोट : ई लेख योग विशेषज्ञ लोग के सुझाव के आधार पs तइयार कइल गइल बा। आसन के सही स्थिति के बारे में जाने खातिर आप कवनो योग गुरु से संपर्क कs सकतानी।

 

 

747490cookie-checkYoga Tips: एs योगासन से कs सकेनी 30 मिनट में 200 ले कैलोरी बर्न

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.