[the_ad_group id="30365"]

सबेरे-सबेरे: जाड़ा में अकड़ जाता गोड़ , तऽ करीं ई yoga…

सबेरे- सबेरे
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जाड़ा आ गईल बा आ जाड़ा में बहुत स्वास्थ्य संबंधी समस्या बढ़ जाला। जाड़ा के मौसम में सर्दी अवुरी खांसी के अलावे वायरल बोखार आ पेट से जुड़ल समस्या आम बा। एकरा अलावे एs मौसम में कम शारीरिक गतिविधि के चलते शरीर में अकड़न अवुरी दर्द भी आम समस्या बा। बहुत लोग अइसन बा जेकरा ठंड के समय गोड़ में अकड़न के सामना करे के पड़ेला। गोड़ में अकड़न से खून के बहाव पs असर पड़ेला।

योग ना खाली शरीर के गरम करेला बालुक मांसपेशियन के राहत देवे में भी मददगार होखेला। जाड़ा में योग के अभ्यास कईला से प्रतिरक्षा प्रणाली मजबूत होखेला। एकरा से शरीर में गर्मी मिलेला अवुरी शारीरिक गतिविधि बढ़ेला, जवना से शरीर में लचीलापन आवेला अवुरी ठंडा के चलते गोड अकड़ले से राहत मिले में भी मदद मिलेला।
योग शरीर के मांसपेशियन के गरम करेला ,शारीरिक गतिविधि बढ़ावेला, जवना से शरीर में लचीलापन आवेला आ ठंडा के चलते गोड़ के कड़ा होखे से भी राहत मिलेला । गोड़ में अकड़न कम करे वाला योगासन के बारे में आईं आज जानल जाव…

मलासन

मलासन के अभ्यास से पैर अवुरी एड़ीं में अकड़न कम हो सकता। मलासन योग कईला से कूल्हा अवुरी कमर के अकड़न से राहत मिलेला। मलासन के अभ्यास शरीर के लचीलापन बढ़ावे आ पाचन में सुधार खातिर कइल जा सकेला। मलासन के अभ्यास करे खातिर स्क्वाट के मुद्रा में बईठ के हाथ के नमस्कार के स्थिति में जोड़े के चाहीं।   

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: चेहरा के मोटापा कम करे खातीर करीं इs योग, कुछे दिन में दिखी असर

ताड़ासन

ताड़ासन के अभ्यास से गोड़ के मांसपेशी खिंचाव होखेला अवुरी खून के संचार बढ़ेला। ताड़ासन कइला से जांघ, घुटना आ टखना मजबूत हो जाला। एह योग नियमित रूप से कइला से शरीर के हर मांसपेशी के इस्तेमाल होखेला अवुरी शरीर के खिंचाव हो जाला, जवना से लचीलापन अवुरी लंबाई दुनो बढ़ जाला। एह आसन के अभ्यास करे खातिर सीधा खड़ा होके हाथ उठाईं आ एड़ी पर खड़ा रहीं। 10-15 सेकंड तक एही स्थिति में रहीं।  इ योग गर्भावस्था खातिर भी फायदेमंद बा।

वीरभद्रासन

एह आसन के योद्धा मुद्रा के नाम से भी जानल जाला। इ योग मांसपेशी के मजबूत करे अवुरी लचीलापन बढ़ावे में मदद करेला। विराभद्रासन कूल्ह, जांघ अवुरी कंधा के मांसपेशी के खिंचाव अवुरी लचीलापन बढ़ावे खाती एगो कारगर योग व्यायाम ह। विराभद्रासन के अभ्यास गोड़ के मजबूत करे अवुरी ठंडा के चलते अकड़न दूर करे खाती फायदेमंद हो सकता। एह आसन के करे खातिर एक गोड़ के आगे आ दूसरा गोड़ के पीछे तान के राखीं। आगे के घुटना मोड़ के हाथ उठाईं।  

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 3 गो योगासन, हाथ आ गोड़ के दरद से मिली आराम

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]