[the_ad_group id="30365"]

सबेरे-सबेरे: चेहरा के मोटापा कम करे खातीर करीं इs योग, कुछे दिन में दिखी असर

चेहरा खातीर योगा
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चेहरा से हमनी के सुंदरता बढ़ेला, बाकिर चर्बी के चलते कबो-कबो हमनी के उमर ढेर लागेला। हालांकि चेहरा के चर्बी कम करे खातीर बहुत कुछ कईल जा सकता, जईसे कि खानपान, व्यायाम आदि पs ध्यान दिहल। बाकिर एकरा बावजूद इs सवाल हमेशा हमनी के दिमाग में बनल रहेला कि चेहरा के चर्बी कईसे कम कईल जा सकता? भा बढ़ल डबल चिन के कइसे कम कइल जाव? अगर रउरा दिमाग में भी इहे सवाल बा तs ई लेख रउरा खातिर मददगार साबित हो सकेला. हमनी के आपके संगे चेहरा के चर्बी कम करे खातीर योग आसन साझा करतानी, जवना के नियमित रूप से आपके दिनचर्या में शामिल कईल जा सकता।

बैलून पोज
इs पोज चेहरा के मांसपेशी के टोन करे के काम करेला। अयीसन कईला से आपके गाल अवुरी ठोड़ी पs जमा चर्बी कम हो जाई। अगर आप पतला चेहरा अवुरी जबड़ा के रेखा के आकार देवे के चाहतानी तs इs आपके खातीर एगो बढ़िया योग साबित हो सकता।

कइसे करीं
*एकरा खातिर पहिले एगो लम्बा साँस लीं।
*अब गाल में हवा भर के फुला दीं।
*हवा के 10 सेकंड ले अंदर रखे के चाहीं।
*एकरा बाद 10 सेकंड ले बाईं ओर हवा ले जाए के कोशिश करीं अवुरी ओकरा बाद 10 सेकंड ले दाहिने ओर हवा भरे के कोशिश करीं।
*एकरा बाद हवा छोड़ के गाल के 5 सेकंड ले आराम दीं।
*एकरा के तीन से चार बेर दोहरा सकेनी।

बैलून पोज के फायदा
*बेहतर मेटाबॉलिज्‍म होखल
*कोलेजन बूस्टर
*शाइनी आंख
*थाइरॉयड फंक्शन में सुधार
*ग्लोइंग त्वचा

इहो पढ़ीं : अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ प्यार तs भइल बाकिर ताउम्र रहली अकेले…एह सुपरस्टार हीरोइन के जानीं कहानी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]