गोरखपुर। गोरखपुर औद्योगिक विकास प्राधिकरण (गीडा) के स्थापना दिवस एह बेर तीन दिन ले मनावल जाई। 30 नवंबर से शुरू होके एक आ दू दिसंबर तक चले वाला गीडा दिवस में औद्योगिक विकास, उद्यमिता आ स्थानीय उत्पाद के बढ़ावा देवे पर खास जोर रही। एह दौरान प्रदेश के अलग-अलग जिला से आवे वाला उद्यमी अपना उत्पाद आ औद्योगिक गतिविधियन के जानकारी दीहें। आयोजन में पहिला बेर ओडीओसी (वन डिस्ट्रिक्ट वन क्यूसिन) समेत 150 से अधिक स्टॉल लगावल जाई। एहसे स्थानीय खानपान आ पारंपरिक उत्पाद के नया पहचान देवे के कोशिश होई।
गीडा के ओर से एह आयोजन के पिछला साल के मुकाबला अउरी व्यापक बनावे के तैयारी कइल जा रहल बा। तीन दिवसीय आयोजन के जरिए गीडा आपन औद्योगिक पहचान अउरी मजबूत करे के साथे प्रदेश के उद्यमियन के कारोबार के नया अवसर उपलब्ध करावे के कोशिश करी। अलग-अलग जिला के उत्पाद आ उद्यमियन के भागीदारी से ई आयोजन औद्योगिक गतिविधियन के साथे स्थानीय उत्पाद आ खानपान के भी एगो बड़ मंच देवे के माध्यम बनी।

एकरा साथही तीन दिन ले चले वाला एह कार्यक्रम में उद्यमी, निवेशक आ आम लोग के एके मंच पर ले आवे के कोशिश होई। अलग-अलग जिला से आवे वाला उद्यमी अपना उत्पाद के प्रदर्शन करीहें। एकरा अलावा एक जिला एक उत्पाद (ओडीओपी) योजना के तहत तइयार कइल गइल उत्पाद के स्टॉल भी लगावल जाई। एह स्टॉलन के माध्यम से प्रदेश के अलग-अलग जिला के पारंपरिक कारीगरी, हस्तशिल्प आ खास उत्पाद के प्रदर्शन कइल जाई।
एह बेर आयोजन के एगो खास आकर्षण ओडीओसी के स्टॉल होइहें। पहिला बेर एह श्रेणी के भी गीडा दिवस में जगह दिहल जा रहल बा। एहमें अलग-अलग जिला के मशहूर पकवान आ खानपान से जुड़ल उत्पाद के प्रदर्शन कइल जाई। एहसे ना खाली स्थानीय खाद्य उत्पाद के बाजार उपलब्ध करावे में मदद मिली, बलुक लोग के प्रदेश के अलग-अलग इलाका के पारंपरिक स्वाद से भी परिचित होखे के मौका मिली।
READ MORE:बाप के मिलल दादा के संपत्ति पर पोता के अधिकार बा कि ना? सुप्रीम कोर्ट सुनवलस बड़ा फैसला
https://khabarbhojpuri.com/grandfather-property-rights-of-grandson-supreme-court-verdict/






No comments yet. Be the first to comment!