का रऊआ Chirag Paswan के देब समर्थन? ए सवाल पऽ पशुपति पारस तुड़ले चुप्पी; कहले- जदि हमार….

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 3, 2024

Bihar politics: पशुपति पारस हाजीपुर लोकसभा सीट पऽ चिराग पासवान के समर्थन देवे के सवाल पऽ अब चुप्पी तुड़ देले बाड़े । पशुपति पारस कहले कि हम एनडीए के सब दल लो के पूरा समर्थन

Share

Bihar politics: पशुपति पारस हाजीपुर लोकसभा सीट पऽ चिराग पासवान के समर्थन देवे के सवाल पऽ अब चुप्पी तुड़ देले बाड़े । पशुपति पारस कहले कि हम एनडीए के सब दल लो के पूरा समर्थन करब। 40 के 40 सीटन पऽ पूरा समर्थन करब। चिराग पासवान के सीट पऽ हमार समर्थन रहीं। एकरा से पहिले मंगर के पशुपति पारस दिल्ली में जेपी नड्डा से मुलाकात कइले।

बिहार के सियासत में एक ओर बीमा भारती आ पप्पू यादव के चर्चा बा तऽ दूसरा ओर पशुपति पारस आ चिरागो सुर्खियन में बनल बाड़े। सारा टेंशन खत्म होखे के बाद पारस एनडीए में तऽ आ गइले, बाकिर का उऽ हाजीपुर में चिराग के समर्थन करिहें ? ई सवाल अबहिंयो सबका मन में बा।

बुध के चिराग पासवान के चाचा पशुपति पारस ए सवाल पऽ विराम लगा देले। पशुपति पारस मीडिया से बातचीत में कहले कि उऽ 40 के 40 सीटन पऽ एनडीए के समर्थन करिहें। उऽ कहले कि फेर चाहे लोजपा के सीट होखे भा चिराग पासवान के, उऽ उनकर समर्थन करिहें।

जदि हमार केहू से विरोध बा तऽ…’

पशुपति पारस कहले कि उऽ एनडीए के सब दल के समर्थन करिहें। सीट केहू के होखे हम सपोर्ट करब। हम नीति के साथ चलने वाला आदमी हईं। जदि हमार केहू से विरोध बा तऽ उऽ हम सार्वजनिक ना करेनीं। हमनीं के लक्ष्य बा देश में तीसरका बेर मोदी जी के सरकार बने।

जेपी नड्डा से मिलले पशुपति पारस

एकरा से पहिले , मंगर के पशुपति पारस अपना भतीजा प्रिंस राज के साथे दिल्ली में बीजेपी के राष्ट्रीय अध्यक्ष जेपी नड्डा से मुलाकात कइले रहलें। ए मुलाकात के कई सियासी मायने निकालल जा रहल बा। काहे कि नड्डा मुलाकात के तस्वीर एक्स पऽ शेयर कइलें।

जेपी नड्डा लिखले- आवे वाला चुनाव में हमनीं के गठबंधन मजबूती से बनल रहीं आ पशुपति जी के पार्टी बिहार में एनडीए के सब 40 उम्मीदवारन के पूर्ण समर्थन करी। साथहीं उनका लोग के जीत सुनिश्चित करे हरसंभव सहयोग दी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.