Babasaheb Ambedkar Jayanti : बाबा साहेब के 135वीं जयंती : राष्ट्रपति, PM मोदी सहित कइयन गो नेता कइल लोग नमन, जानीं के का-का कहल?

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 14, 2026

नई दिल्ली। बाबा साहेब भीमराव आंबेडकर की135वीं जयंती पs राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मु आ पीएम नरेंद्र मोदी सहित कइयन गो बड़ नेता लोग उनका के श्रद्धांजलि अर्पित कइल। एह मवका पs उपराष्ट्रपति सीपी राधाकृष्णन आ कांग्रेस

Share

नई दिल्ली। बाबा साहेब भीमराव आंबेडकर की135वीं जयंती पs राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मु आ पीएम नरेंद्र मोदी सहित कइयन गो बड़ नेता लोग उनका के श्रद्धांजलि अर्पित कइल। एह मवका पs उपराष्ट्रपति सीपी राधाकृष्णन आ कांग्रेस नेता मल्लिकाअर्जुन खड़गे सहित कइयन गो सांसद संसद परिसर में बनल आंबेडकर प्रेरणा स्थल पs जा के नमन कइल लोग।

राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू का कहली

राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू एक्स पs पोस्ट करत कहली कि भारतीय संविधान के निर्माता आ महान समाज सुधारक बाबा साहेब के जयंती पs हम उहां के नमन करत बानी। ऊ एगो महान न्यायविद, अर्थशास्त्री आ समाज में बराबरी के पक्षधर रहलें। ऊ आपन पूरा जिनगी समाज के कमजोर आ वंचित वर्ग खातिर समर्पित कइलें।

बाबा साहेब के आदर्श अपनावे के अपील

राष्ट्रपति आगे कहली कि बाबा साहेब ना खाली असमानता खतम करे के राह देखवलें, बलुक लोकतंत्र आ संवैधानिक अधिकार के मजबूत बनावे में अहम जोगदान देलें। ऊ महिला शिक्षा आ अधिकार पs खास जोर देलें। राष्ट्रपति देसवासियन से अपील कइली कि हमनी सब उनकर आदर्शन के अपनाईं आ न्यायपूर्ण समाज बनावे में जोगदान दी।

पीएम मोदी का कहलें

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी बाबा साहेब के श्रद्धांजलि देत कहलें कि राष्ट्र निर्माण में बाबा साहेब के जोगदान बहुते प्रेरणादायक बा। उनकर जीवन आ विचार हमेसा देस के पीढ़ी दर पीढ़ी प्रेरित करत रही।

Read Also: Maharastra Accident : सीमेंट मिक्सर आ वैन के टक्कर में 11 लोग के मौत, 2 घायल

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.