White House Firing : डोनल्ड ट्रंप के ईरान वार्ता के दौरान व्हाइट हाउस के लगे भइल गोलीबारी, पुलिस संदिग्ध के मार गिरवलस 

By Anurag Ranjan

Published on: May 24, 2026

सेंट्रल डेस्क : अमेरिका के राजधानी वॉशिंगटन में व्हाइट हाउस के लगे फेर से गोलीबारी के घटना सामने आइल बा। जानकारी के मोताबिक, एगो संदिग्ध आदमी व्हाइट हाउस के सुरक्षा चेकपोस्ट पs पहुंचके सुरक्षाकर्मियन पs

Share

सेंट्रल डेस्क : अमेरिका के राजधानी वॉशिंगटन में व्हाइट हाउस के लगे फेर से गोलीबारी के घटना सामने आइल बा। जानकारी के मोताबिक, एगो संदिग्ध आदमी व्हाइट हाउस के सुरक्षा चेकपोस्ट पs पहुंचके सुरक्षाकर्मियन पs लोग पर गोली चलावे लागल।

अमेरिकी सुरक्षा एजेंसी आ सीक्रेट सर्विस के अनुसार, संदिग्ध आदमी व्हाइट हाउस के पश्चिमी गेट के नजदीक पहुंचतही अचानक फायरिंग सुरू कs देलस। ऊ करीब 20 से 30 राउंड गोली चलवलस। जवाबी कार्रवाई में सीक्रेट सर्विस के एजेंट फायरिंग कइल लोग, जवना में संदिग्ध गंभीर रूप से घायल हो गइल आ बाद में ओकर मौत हो गइल।

 

एह गोलीबारी में एगो राहगीरो के गोली लागल बा, जवन घायल बतावल जा रहल बा। घटना के बाद पूरा व्हाइट हाउस के तुरंत लॉकडाउन कs दिहल गइल। सुरक्षा के ध्यान में रखत छत पs काउंटर-स्नाइपर तैनात कs दिहल गइल आ स्टाफ लोगन के सुरक्षित जगह पs भेजल गइल।

घटना के समय डोनाल्ड ट्रंप व्हाइट हाउस के भीतर मवजूद रहलें। अधिकारी लोग साफ कइले बा कि राष्ट्रपति आ उनका परिवार के कवनो नुकसान नइखे पहुंचल। कुछ देर बाद हालात सामान्य होखला पs लॉकडाउन हटा लिहल गइल।

Read Also: 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.