1 जनवरी से एs स्मार्टफोन में नाहीं चली व्हाट्सएप, फेसबुक आ इंस्टाग्राम, देखीं लिस्ट

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 24, 2024

व्हाट्सएप के पूरा दुनिया में 29.5 करोड़ से अधिका यूजर बाड़े।  मेटा के इंस्टेंट मैसेजिंग प्लेटफॉर्म दुनिया में सबसे जादा इस्तेमाल होखे वाला ऐप बा।  कंपनी एकरा खातीर लगातार नाया फीचर अवुरी सुरक्षा अपडेट जारी

Share

1 जनवरी से एs स्मार्टफोन में नाहीं चली WhatsApp

व्हाट्सएप के पूरा दुनिया में 29.5 करोड़ से अधिका यूजर बाड़े।  मेटा के इंस्टेंट मैसेजिंग प्लेटफॉर्म दुनिया में सबसे जादा इस्तेमाल होखे वाला ऐप बा।  कंपनी एकरा खातीर लगातार नाया फीचर अवुरी सुरक्षा अपडेट जारी करेले।  जल्दिए व्हाट्सएप बहुत पुरान स्मार्टफोन पs काम ना करी।  अगर आप भी एs स्मार्टफोन के इस्तेमाल करतानी, तs आपके अपना फोन के अपग्रेड करे के होई।  मेटा के इs मैसेजिंग प्लेटफॉर्म 31 दिसंबर 2024 के बाद करीब 20 स्मार्टफोन में काम ना करी।

एक जनवरी से मैसेज ना आई

एक जनवरी से एs स्मार्टफोन पs यूजर ना तs व्हाट्सएप के माध्यम से मैसेज भेज पईहे अवुरी ना रिसीव कs पईहे।  व्हाट्सएप अधिकांश पुरान एंड्रॉयड स्मार्टफोन पs काम ना करी। इs स्मार्टफोन 10 साल पहिले लॉन्च भईल रहे।  व्हाट्सएप एंड्रॉयड किटकैट अवुरी एकरा से पहिले के एंड्रॉयड ऑपरेटिंग सिस्टम के सपोर्ट बंद करे के फैसला कईले बा, जवन कि 2013 में लॉन्च भईल रहे। व्हाट्सएप एs ऑपरेटिंग सिस्टम वाला स्मार्टफोन पs खाली 31 दिसंबर ले काम करी।

व्हाट्सएप के अलावे फेसबुक अवरू इंस्टाग्राम जईसन अवरू मेटा प्लेटफॉर्म भी एs स्मार्टफोन में काम कईल बंद कs दिही।  मेटा डिवाइस के सुरक्षा के लेके इs फैसला कईले बिया। नया तकनीक के अईला के बाद पुरान तकनीक के अपग्रेड करे के जरूरत बा।  पुरान ऑपरेटिंग सिस्टम में जरूरी सुरक्षा क्षमता ना होखेला, जवना के चलते एकरा के हैक कईल आसान हो जाला।  अयीसना में यूजर के नाया स्मार्टफोन में अपग्रेड करे के होई।  हालांकि एंड्रॉयड किटकैट पs काम करेवाला स्मार्टफोन के संख्या बहुत कम बा।  अयीसना में एकर असर अधिकांश व्हाट्सएप यूजर पs ना पड़ी।
एs स्मार्टफोन में नाहीं करी काम
Samsung: Galaxy S3, Galaxy Note 2, Galaxy Ace 3, Galaxy S4 Mini
Motorola: Moto G (1st Gen), Razr HD, Moto E 2014
HTC: One X, One X+, Desire 500, Desire 601
LG: Optimus G, Nexus 4, G2 Mini, L90
Sony: Xperia Z, Xperia SP, Xperia T, Xperia V

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ प्यार तs भइल बाकिर ताउम्र रहली अकेले…एह सुपरस्टार हीरोइन के जानीं कहानी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.