“BJP के वोट दऽ लो, ममता बनर्जी के गुंडन के उल्टा लटका देंब”: बंगाल में बोलले अमित शाह

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 23, 2024

Lok Sabha Election 2024: केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह कहले, पिछली बेर हमनी के 18 सीट मिलल रहे। पीएम मोदी राम मंदिर दिहले। ए बेर हमनी के 35 सीट दऽ लो, हम घुसपैठ रोक देब।”

Share

Lok Sabha Election 2024: केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह कहले, पिछली बेर हमनी के 18 सीट मिलल रहे। पीएम मोदी राम मंदिर दिहले। ए बेर हमनी के 35 सीट दऽ लो, हम घुसपैठ रोक देब।”

कोलकाता: Lok Sabha Election 2024: केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह आज कहले कि कांग्रेस आ तृणमूल कांग्रेस नेता ममता बनर्जी में नागरिकता संशोधन अधिनियम के छूवे के हिम्मत नइखे, उऽ आश्वासन देले कि सब हिंदू शरणार्थियन के नया कानून के तहत नागरिकता मिली। अमित शाह करनदिघी में चुनावी रैली के दौरान कहले तृणमूल के शासन में पश्चिम बंगाल में घुसपैठ बेरोकटोक जारी बा। उऽ कहले बंगाल के मुख्यमंत्री सीमावर्ती राज्य में घुसपैठ नइखी रोक सकत। “का ममता बनर्जी घुसपैठ रोक सकत बाड़ी ? उऽ नइखी रोक सकत। खाली (प्रधानमंत्री नरेंद्र) मोदीजी घुसपैठ रोक सकत बाड़े”

शाह रायगंज से भाजपा उम्मीदवार कार्तिक पॉल के समर्थन में रैली करत कहले पिछली बेर हमनी के 18 सीट मिलल रहे। मोदी राम मंदिर दिहले। एह बेर हमनी के 35 सीट दऽ लो, हम घुसपैठ रोक देब.” गृह मंत्री संदेशखाली विवादो के जिक्र कइले आ कहले कि “संदेशखाली में, ममता बनर्जी महिला लो पऽ अत्याचार होखे देली ताकि उनकर वोट बैंक प्रभावित ना होखे। उच्च न्यायालय हस्तक्षेप कइलस आ आज आरोपी जेल में बा”.

शाह कथित अनियमितता के कारण सरकारी स्कूल कर्मचारियन के लगभग 25,000 नियुक्तियन के रद्द करे के कलकत्ता उच्च न्यायालय के आदेशो के जिक्र कइले। साथ ही कहले ममता बनर्जी “मां, माटी आ मानुष” के नारा पऽ सत्ता में आइल रहली। संदेशखाली मां पर अत्याचार कइलस, माटी के बांग्लादेशी घुसपैठियन के देलस आ मानुष के भ्रष्टाचार के मार झेले के पड़त बा” उऽ कहले, ”भाजपा के वोट दऽ लो, ममता बनर्जी के गुंडन के उल्टा लटकावल जाई  आ सीधा कइल जाई”

उऽ इहो वादा कइले कि जदि नरेंद्र मोदी के नेतृत्व वाली भाजपा सत्ता में लौटत बिया तऽ केंद्र उत्तर बंगाल में एगो एम्स बनाई “हमनीं रायगंज में एगो एम्स के योजना बनवले रहनी सन। ममता दीदी ओकरा के रोक देली। ई मोदी जी के गारंटी बा। 30 गो सीट दऽ लो, हमनीं के उत्तर बंगाल के पहिला एम्स पऽ काम शुरू करब सन।

बता दी रायगंज सीट 2019 में भाजपा  जीतल रहें।  तृणमूल उत्तर बंगाल सीट से विधायक कृष्णा कल्याणी के मैदान में उतरले बिया। रायगंज में दूसरका चरण में शुक के मतदान होई।

साभार – NDTV

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.