यूपी: आईटीआई पाठ्यक्रम में बड़ बदलाव, चल रहल 206 पुरान कोर्स होई बंद; ड्रोन-एआई सेलेबस में होई सामिल

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 10, 2025

एजुकेशन डेस्क। प्रदेश के राजकीय आ निजी औद्योगिक प्रशिक्षण संस्थानन (आईटीआई) में आज के जरूरत के अनुसार पठन-पाठन के अपग्रेड कइल जा रहल बा। एकरा तहत 206 पुरान पाठ्यक्रमन के बंद कइल जाई। ओहिजा ड्रोन

Share

एजुकेशन डेस्क। प्रदेश के राजकीय आ निजी औद्योगिक प्रशिक्षण संस्थानन (आईटीआई) में आज के जरूरत के अनुसार पठन-पाठन के अपग्रेड कइल जा रहल बा। एकरा तहत 206 पुरान पाठ्यक्रमन के बंद कइल जाई। ओहिजा ड्रोन तकनीकी, आर्टिफिशियल इंटेलीजेंस, रोबोटिक्स जइसन आज के जरूरत के अनुसार कोर्स सुरू कइल जाई।

राज्य व्यावसायिक प्रशिक्षण परिषद (एससीवीटी) एकरा पs काम तेज कs देले बा। आईटीआई में नया सत्र 2025-26 खातिर प्रवेश प्रक्रिया सुरू हो गइल बा। पिछला सालन में भइल कम प्रवेश के देखत इहां के कोर्सन के अपग्रेड करे के कवायद तेजी से सुरू हो गइल बा। एससीवीटी के ओर से हाल में एगो सर्वे कराके ई देखल गइल कि ऊ कवन कोर्स बा, जहां पिछला पांच साल में लगातार 30 प्रतिशत से कम प्रवेश हो रहल बा। अइसे में अब एह पाठ्यक्रमन के रिव्यू कs के बंद कइल जाई।

संगही भविष्य के जरूरत के अनुसार नया पाठ्यक्रम सुरू कइल जाई, ताकि इहां से पढ़ाई के बाद निकले वाला विद्यार्थियन के आसानी से रोजगार मिल सको। व्यावसायिक शिक्षा, कौशल विकास आ उद्यमशीलता विभाग के प्रमुख सचिव डॉ. हरिओम बतवलें कि उद्योगन आ वर्तमान के जरूरत के अनुसार पाठ्यक्रम के अपग्रेड आ बंद कइल जाई। न्यू एज पाठ्यक्रमन के सुरू कइला पs पूरा जोर बा।

सिलाई के जगह फैशन डिजाइनिंग

जवना आईटीआई में सिलाई तकनीकी के कोर्स चल रहल बा, ओकरा जगह पs अब फैशन डिजाइनिंग पाठ्यक्रम सुरू कइल जाई। अइसही इलेक्ट्रोप्लेटरआ सीट मेटल जइसन पुरान पाठ्यक्रम के बंद कइल जाई। ओहिजा एआई, रोबोटिक्स, ड्रोन आ लेजर तकनीकी, मशीन लर्निंग, सोलर तकनीकी आदि पाठ्यक्रम के सुरू कइल जाई।

सब जिलन के आईटीआई प्राचार्यन से उनका इहां चल रहल पाठ्यक्रमन के बारे में जानकारी मांगल गइल बा। स्थानीय स्तर पs कवन-कवन पाठ्यक्रमन में छात्र रुचि ले रहल बा लोग, ऊ केतना रोजगारपरक बा, एकर जानकारी लिहल गइल बा। हमनी के पूरा फोकस उद्योगन के मांग आ विद्यार्थियन के पसंद के अनुसार पाठ्यक्रम में पढ़ाई के अवसर देवे के बा। ई उद्योगन के मांग के पूरी करी आ छात्रन के रोजगार के बेहतर अवसर दी।

Read Also: Share Market: घरेलू शेयर बाजार में हरियाली बरकरार; सेंसेक्स 200 अंक उछलल, निफ्टी 25000 के पार

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.