Share Market: घरेलू शेयर बाजार में हरियाली बरकरार; सेंसेक्स 200 अंक उछलल, निफ्टी 25000 के पार

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 10, 2025

बिजनेस डेस्क। एशियाई बाजारन में तेजी, अमेरिका-चीन व्यापार वार्ता के लेके आशावाद आ बिदेसी फंड प्रवाह के संंगे मंगर के घरेलू शेयर बाजार में तेजी देखी गइल। बेंचमार्क सूचकांक सेंसेक्स आ निफ्टी सकारात्मक रुख के

Share

बिजनेस डेस्क। एशियाई बाजारन में तेजी, अमेरिका-चीन व्यापार वार्ता के लेके आशावाद आ बिदेसी फंड प्रवाह के संंगे मंगर के घरेलू शेयर बाजार में तेजी देखी गइल। बेंचमार्क सूचकांक सेंसेक्स आ निफ्टी सकारात्मक रुख के संगे कारोबार के सुरुआत कइलस। सुरुआती कारोबार में 30 शेयरन वाला बीएसई सेंसेक्स 235.58 अंक चढ़के 82,680.79 पs पहुंच गइल। अइसही 50 शेयरन वाला एनएसई निफ्टी 96.1 अंक चढ़के 25,199.30 पs पहुंच गइल।

सेंसेक्स के 30 शेयरन के हाल

एनएसई के टॉप गेनर्स आ टॉप लूजर्स शेयर

केकरा फायदा-केकरा नुकसान?

सेंसेक्स के कंपनियन में इंडसइंड बैंक, टेक महिंद्रा, इंफोसिस, अल्ट्राटेक सीमेंट, एचसीएल टेक आ एनटीपीसी सबसे जादे फायदा में देखल गइल। बजाज फिनसर्व, एशियन पेंट्स, आईसीआईसीआई बैंक, इटरनल, एचडीएफसी बैंक आ टाइटन पिछड़त नजर आइल। एक्सचेंज डेटा के अनुसार, बिदेसी संस्थागत निवेशकन (एफआईआई) सोमार के 1,992.87 करोड़ रुपिया के शेयर किनल।

एशियाई आ अमेरिकी बाजारन के हाल

एशियाई बाजारन में दक्षिण कोरिया के कोस्पी, जापान के निक्केई 225 सूचकांक, शंघाई के एसएसई कंपोजिट सूचकांक आ हांगकांग के हैंग सेंग सकारात्मक क्षेत्र में कारोबार करत रहे। सोमार के अमेरिकी बाजार जादेतर बढ़त के संगे बंद भइल।

का कहत बाडें विशेषज्ञ?

जियोजित इंवेस्टमेंट्स लिमिटेड के मुख्य निवेश रणनीतिकार वीके विजयकुमार कहलेे, ‘निफ्टी के निकट भविष्य में 24,500-25,500 के दायरा में रहला के संभावना बा। निफ्टी के ऊपरी बैंड से आगे ले जाये खातिर कवनो अल्पकालिक ट्रिगर नइखे। कुछ मुनाफावसूली से बाजार में तनिका गिरावट आवे के संभावना बा।’

Read Also: ICC Hall of Fame: महेंद्र सिंह धोनी के मिलल बड़ सम्मान, आईसीसी हॉल ऑफ फेम में भइलें सामिल; बीसीसीआई देलस बधाई

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.