Lifestyle: जाड़ा में काहें बढ़ जाला डायबिटीज के खतरा, हाई होखे लागेला ब्लड शुगर

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 16, 2025

जाड़ा में मेटाबॉलिज्म के गति धीमा हो जाला।  आजकल लोग खूब तलल आ तेल वाला खाना खाला।  ठंडा के चलते शारीरिक गतिविधि कम हो जाला।  जवना के चलते ब्लड शुगर बढ़े के खतरा होखेला। डायबिटीज

Share

blood sugar

जाड़ा में मेटाबॉलिज्म के गति धीमा हो जाला।  आजकल लोग खूब तलल आ तेल वाला खाना खाला।  ठंडा के चलते शारीरिक गतिविधि कम हो जाला।  जवना के चलते ब्लड शुगर बढ़े के खतरा होखेला। डायबिटीज के मरीज के सावधान रहे के जरूरत बा।

जाड़ा में प्रोसेस्ड फूड के सेवन कम से कम होखे के चाही।  एकरा से ना सिर्फ मोटापा बढ़ेला बालुक डायबिटीज टाइप 2 के खतरा भी बढ़ जाला। एह से बाहर के खाना-पीना से परहेज जरूरी बा।

जाड़ा में लोग शराब अवुरी सिगरेट जादा पीये लागेला।  जब आदमी नशा में रहेला तs ओकरा कुछ समय तक गर्मी महसूस होखेला बाकिर एकरा से होखेवाला नुकसान बहुत बड़ होखेला।  डायबिटीज के मरीज खातीर शराब के सेवन खतरनाक बा।

जाड़ा में लोग शराब अवुरी सिगरेट जादा पीये लागेला।  जब आदमी नशा में रहेला तs ओकरा कुछ समय तक गर्मी महसूस होखेला बाकिर एकरा से होखेवाला नुकसान बहुत बड़ होखेला।  डायबिटीज के मरीज खातीर शराब के सेवन खतरनाक बा।

डायबिटीज के मरीज खातिर स्वस्थ जीवनशैली के संगे पर्याप्त नींद भी जरूरी बा। बढ़िया नींद हार्मोन के संतुलित राखेला।  जवना के चलते ब्लड शुगर नियंत्रण में रहेला।  डायबिटीज के मरीज के 8 घंटा नींद लिहल ठीक होला.

डायबिटीज के मरीज के जाड़ा में फाइबर से भरपूर खाना जादा खाए के चाही।  जवना में दलिया, बाजरा, जौ, रागी अवुरी जई शामिल बा।  मौसमी फल आ सब्जी के अधिका सेवन करीं.  भोजन में प्रोटीन के मात्रा बढ़ावे के चाहीं।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: भोरे के समय खुद के एनर्जी से भरे खातीर करीं इs 8 गो आसान योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.