Jammu & Kashmir : आतंकी मॉड्यूल के भंडाफोड़: दू डॉक्टर सहित सात लोग गिरफ्तार, 2,900 किलो विस्फोटक आ हथियार बरामद

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 10, 2025

श्रीनगर। जम्मू-कश्मीर पुलिस एगो बड़ आतंकवादी नेटवर्क के पर्दाफाश कइलस, जवना के कड़ी अंतरराज्यीय आ अंतरराष्ट्रीय गिरोह से जुड़ल बा। ई नेटवर्क जैश-ए-मोहम्मद आ अंसार गजवत-उल-हिंद जइसन प्रतिबंधित आतंकी संगठन से जुड़ल रहे। पुलिस के

Share

Jammu Kashmir police busts major terror module, arrests seven including two doctors, and seizes 2,900 kg explosives and weapons

श्रीनगर। जम्मू-कश्मीर पुलिस एगो बड़ आतंकवादी नेटवर्क के पर्दाफाश कइलस, जवना के कड़ी अंतरराज्यीय आ अंतरराष्ट्रीय गिरोह से जुड़ल बा। ई नेटवर्क जैश-ए-मोहम्मद आ अंसार गजवत-उल-हिंद जइसन प्रतिबंधित आतंकी संगठन से जुड़ल रहे। पुलिस के एह सफलता से कइयन गो प्रमुख आतंकी आरोपियन के गिरफ्तारी भइल आ ओकनी के लगे से बड़ मात्रा में हथियार, गोला-बारूद आ विस्फोटक सामग्री बरामद भइल बा।

पुलिस के मोताबिक, 19 अक्टूबर 2025 के श्रीनगर के बुनपोरा, नौगाम इलाका में जैश-ए-मोहम्मद के कइयन पोस्टर लगावल गइल रहे, जेमे पुलिस आ सुरक्षा बलन के धमकी दिहल गइल रहे। एह घटना के बाद एफआईआर नंबर 162/2025 दर्ज भइल आ जांच सुरू भइल। जांच में पता चलल कि ई नेटवर्क पढ़ल-लिखल आ पेशेवर नवहन से जुड़ल रहे, जवन बिदेसी संपर्कन के माध्यम से ई काम चलावत रहलें से।

जांच में खुलासा भइल कि ई गिरोह एन्क्रिप्टेड चैनल के माध्यम से भर्ती, समन्वय, फंडिंग आ लॉजिस्टिक सपोर्ट के काम करत रहे। धनराशि पेशेवर नेटवर्क आ शैक्षणिक संपर्क के माध्यम से, सामाजिक भा धर्मार्थ कारण बताके जुटावल जात रहे। ई आरोपी आतंकवाद खातिर नया लोग के पहचान करे, ओकनी के कट्टर बनावे आ हथियार/आईईडी बनावे के सामग्री जुटावे में लागल रहे।

गिरफ्तार आरोपियन के नाम

  • आरिफ निसार दर साहिल (नौगाम, श्रीनगर)
  • यासिर-उल-आशरफ (नौगाम, श्रीनगर)
  • मकसूद अहमद दर शाहिद (नौगाम, श्रीनगर)
  • मौलवी इरफान अहमद (शोपियां)
  • जमीर अहमद आहंगर मुत्लाशा (वाकुरा, गांदरबल)
  • डॉ. मुजम्मिल अहमद गनाई मुसायब (कोइल, पंपोर)
  • डॉ. आदिल (वानपोरा, कुलगाम)

जांच के दौरान श्रीनगर, अनंतनाग, गांदरबल, शोपियां, फरीदाबाद आ सहारनपुर में एकजुट तलाशी अभियान चलावल गइल।

Read Also: Bihar Election 2025 : दुसरका चरण में एनडीए के 122 आ महागठबंधन के 126 उम्मीदवार मैदान में, बड़-बड़ नेता लोग के इज्जत दांव पs

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.